For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Lok Sabha Chunav Result: फिल्म अबहीं खतम नइखे भइल! टीडीपी एनडीए के हिस्सा ना रही, चंद्रबाबू नायडू बड़ मोलभाव करीहे, जानी का मांग बा

11:05 AM Jun 05, 2024 IST | Raj Nandani
lok sabha chunav result   फिल्म अबहीं खतम नइखे भइल   टीडीपी एनडीए के हिस्सा ना रही  चंद्रबाबू नायडू बड़ मोलभाव करीहे  जानी का मांग बा
Advertisement

लोकसभा चुनाव नतीजा : जदी टीडीपी के सूत्र पs विश्वास करे के बा तs चंद्रबाबू नायडू एनडीए में अयीसन ना रहीहे। ऊ लोकसभा अध्यक्ष पद अवुरी केंद्र सरकार में कम से कम 5 महत्वपूर्ण मंत्री के मांग कs सकतारे। चंद्रबाबू नायडू 9 जून के मुख्यमंत्री पद खातिर होखे वाला शपथ ग्रहण समारोह में भी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेवता दिहे। टीडीपी सूत्रन के दावा बा कि डिप्टी पीएम पद के कवनो मांग नइखे बाकिर चंद्रबाबू नायडू के प्राथमिकता बा कि आंध्र प्रदेश के विशेष दर्जा मिल जाव भा बदला में बड़हन आर्थिक केंद्रीय सहायता पैकेज दिहल जाव ।

Advertisement

लोकसभा चुनाव 2024 के नतीजा निकलल बा। भाजपा के नेतृत्व में एनडीए हैट्रिक जीत हासिल कइले बिया । हालांकि भाजपा के बहुमत नइखे मिल पावल। अइसने में भाजपा के अपना सहयोगी दल पs निर्भर रहे के पड़ेला। एक बेर फेरु मोदी के सरकार टीडीपी आ जदयू के मदद से केंद्र पs बनल देखाई देता। बाकी तीसरी बेर मोदी सरकार खातीर सबसे जरूरी बा चंद्रबाबू नायडू आ नीतीश कुमार के सहयोग। वर्तमान में टीडीपी अभी भी एनडीए के हिस्सा बा। चंद्रबाबू नायडू भी एनडीए के आज के बैठक में शामिल होखे खातिर दिल्ली आवत बाड़े। बाकी ए लोग के संगे मांग के सूची भी आ रहल बा।

जदी टीडीपी के सूत्र पs विश्वास कइल जाए तs फिलहाल चंद्रबाबू नायडू एनडीए सरकार खातीर अहम भूमिका निभावतारे। ऊ सिर्फ अइसही एनडीए में ना रहिहे। इनकर कुछ शर्त भी बा। सूत्र के दावा बा कि ऊ लोकसभा अध्यक्ष पद आ केंद्र सरकार में कम से कम 5 महत्वपूर्ण मंत्री के मांग कs सकतारे। हालांकि टीडीपी सूत्र साफ कइले कि डिप्टी पीएम के कवनो मांग नइखे। बाकिर चंद्रबाबू नायडू के प्राथमिकता बा कि आंध्र प्रदेश खातिर विशेष दर्जा मिल जाव भा बदला में भारी आर्थिक केंद्रीय सहायता के पैकेज मिल जाव । बतावल जाता कि आज जब चंद्रबाबू नायडू दिल्ली में होईहे तs 9 जून के मुख्यमंत्री पद खातीर होखेवाला शपथ ग्रहण समारोह खाती पीएम मोदी के भी बोलावल जाई।

नीतीश-चंद्रबाबू के बड़ भूमिका होई

इहाँ सबके नजर नीतीश कुमार पs भी बा। एनडीए के बैठक में शामिल होखे खातीर नीतीश कुमार भी दिल्ली आवत बाड़े। हालांकि दिल्ली आवे से पहिले ऊ अपना आवास प वरिष्ठ नेता से मुलाकात करतारे। ललन सिंह भी सबेरे-सबेरे से मिले आइल बाड़े। एनडीए सरकार खातीर भाजपा खातीर नीतीश कुमार आ चंद्रबाबू नायडू के समर्थन होखल बहुत जरूरी बा। एकर कारण ई बा कि भाजपा अपना दम पs बहुमत ना ले आ पावल। अइसने में सरकार बनावे खातीर जदयू के 12 सीट आ टीडीपी के 16 सीट के जरूरत बा।

आज दिल्ली में एगो महत्वपूर्ण बइठक बा

बता दीं कि देश के राजधानी दिल्ली में बुधवार (5 जून) के एनडीए आ इंडिया एलायंस के एगो महत्वपूर्ण बैठक बा। आंध्र प्रदेश में भारी जीत दर्ज करे वाला तेलुगु देशम पार्टी के प्रमुख चंद्रबाबू नायडू आज दिल्ली चहुँप जइहें । चंद्रबाबू नायडू के पार्टी एनडीए के हिस्सा हs। कांग्रेस नेता राहुल गांधी के कहनाम बा कि 5 जून के इंडिया एलायंस के बइठक बा जवना में भविष्य के रणनीति तय कइल जाई । एकरा संगे कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खर्गे नयका सहयोगी दल के संभावना के खोज करे से इनकार नइखन कइले। हालांकि कांग्रेस कहलस कि कवनो फैसला लेवे से पहिले ऊ लोग अपना सहयोगी दल से मिल के बात करीहे। आगे के कवनो रणनीति सहयोगी देशन के भरोसा में लेबे के बाद ही तय होई।

केकरा के केतना सीट मिलल?

उल्लेखनीय बा कि जीत-हार के फैसला लोकसभा के 543 सीट पs लिहल गइल बा। गिनती के बाद भाजपा सबसे बड़ पार्टी के रूप में उभरल बिया, बाकी ओकरा साफ बहुमत नइखे मिलल। एकरा संगे-संगे 2019 के चुनाव के मुक़ाबले एकरा के बहुत कम सीट मिलल बा। हालांकि जदी गठबंधन के बात कइल जाए तs भाजपा के नेतृत्व वाली एनडीए के ट्रेंड में साफ बहुमत मिलल बा। भारतीय जनता पार्टी 240 सीट के संगे सबसे बड़ पार्टी के रूप में उभरल बिया। अब तक कांग्रेस पार्टी के 99 सीट मिल चुकल बा। एनडीए के 292 सीट बा जबकि इंडिया एलायंस के 234 सीट बा।

Tags :
Advertisement