For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Lok Sabha Elections 2024: लोकसभा चुनाव खातिर भाजपा के नउवां सूची; भीलवाड़ा से इनका के पार्टी बनवलस उम्मीदवार

04:01 PM Mar 31, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
lok sabha elections 2024  लोकसभा चुनाव खातिर भाजपा के नउवां सूची  भीलवाड़ा से इनका के पार्टी बनवलस उम्मीदवार
Advertisement

लोकसभा चुनाव खातिर भारतीय जनता पार्टी अपना उम्मीदवारन के एगो आउर सूची जारी कs देले बिया। एमे राजस्थान के भीलवाड़ा लोकसभा सीट से दामोदर अग्रवाल के टिकट दिहल गइल बा। एकरा पहिले भाजपा बीतल दिन पार्टी अपना उम्मीदवारन के आठवां सूची जारी कइले रहे। एमे पंजाब के गुरदासपुर लोकसभा सीट से मवजूदा सांसद आ बॉलीवुड अभिनेता सनी देओल के टिकट काट दिहल गइल रहे। उनका जगह दिनेश सिंह के टिकट दिहल गइल रहे।

Advertisement

अब तक 412 उम्मीदवारन के एलान

भाजपा 543 सदस्यीय लोकसभा चुनाव खातिर अब तक 412 सीट पs आप उम्मीदवार के घोषणा कs देले बिया। लोकसभा के 543 सीट खातिर 19 अप्रिल से एक जून के बीच सात चरण में चुनाव होखे के बा। मतगणना चार जून के होई।

Tags :
Advertisement