For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Lok Sabha Elections 2024 : "मतदान के नया रिकार्ड बनाईं : पांचवा चरण के मतदान से पहिले पीएम मोदी के अपील

10:08 AM May 20, 2024 IST | Raj Nandani
lok sabha elections 2024    मतदान के नया रिकार्ड बनाईं   पांचवा चरण के मतदान से पहिले पीएम मोदी के अपील
Advertisement

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोशल मीडिया प एगो पोस्ट शेयर कइले बाड़न, जवना में जनता से वोट देवे के अपील कइले बाड़न ।

Advertisement

लोकसभा चुनाव 2024 : 6 राज्य आ दु केंद्र शासित प्रदेश के 49 लोकसभा सीट प आज पांचवा चरण के मतदान हो रहल बा। एहमें महाराष्ट्र के 13, उत्तर प्रदेश के 14, पश्चिम बंगाल के 7, बिहार के 5, झारखंड के 3, ओडिशा के 5 आ जम्मू-कश्मीर आ लद्दाख के एक-एक सीट शामिल बा। एही बीच प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भी सोशल मीडिया प एगो पोस्ट शेयर क जनता से वोट देवे के अपील कइले बाड़न।

अपना पोस्ट में पीएम मोदी लिखले कि, "लोकसभा चुनाव के पांचवा चरण में 8 राज्य आ केंद्र शासित प्रदेश के 49 सीट प आज मतदान होई। हम ए चरण के सभ मतदाता से निहोरा करतानी कि उ लोग आपन वोट डालस आ नाया चरण खातीर रजिस्ट्रेशन करावस।" वोट रिकार्ड बनावे के बा ।

बता दीं कि एह चरण में रायबरेली आ अमेठी जइसन दू गो हाई प्रोफाइल सीट पs भी मतदान होखी । बता दीं कि कांग्रेस के पूर्व अध्यक्ष राहुल गांधी रायबरेली से मैदान में बाड़े आ अमेठी से केंद्रीय मंत्री स्मृति ईरानी मैदान में बाड़ी।

पांचवा चरण में जवना सीट प मतदान होई, ओहमे से चालीस से जादे सीट राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) के संगे रहे। पांचवा चरण में 4.26 करोड़ महिला आ 5,409 'तीसरा लिंग' मतदाता समेत 8.95 करोड़ से जादे लोग मतदान के पात्र बाड़े आ 94,732 मतदान केंद्र प 9.47 लाख मतदान अधिकारी के तैनाती कइल गइल बा।

गौरतलब बा कि एकरा बाद छठवाँ आ सातवाँ चरण के मतदान के आयोजन 25 मई आ ओकरा बाद 1 जून के कइल जाई । एकरा बाद 4 जून के वोट के गिनती होई।

Tags :
Advertisement