टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

लोकसभा चुनाव 2024 : एनडीए के नजर बिहार के सब 40 सीट प बा, जान जाइ कि नेता के लक्ष्य हासिल करे के भरोसा काहें बा

11:23 AM Apr 12, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

बिहार में 40 गो लोकसभा सीट बा आ एनडीए के घटक दलन के उमेद बा कि अबकी बेर बिहार के सगरी लोकसभा सीट जीत के विपक्ष के सफाया कर दीहें ।

Advertisement

लोकसभा चुनाव में एनडीए बिहार के सभ 40 सीट प जीते के लक्ष्य तय करतिया। भाजपा चुनाव से पहिले ही इ लक्ष्य तय क के जमीन प काम शुरू क देले रहे। अब बाकी सहयोगी दल के माध्यम से ए लक्ष्य के हासिल करे खातीर भाजपा समेत एनडीए के सभ नेता चुनावी मैदान में कूद गइले। भाजपा के नेता भी लोकसभा के 40 सीट जीते के पीछे कड़ा तर्क दे रहल बाड़े। उनकर मानना बा कि बिहार पछिला चुनाव में 40 में से 39 सीट एनडीए के देले रहे, आ अबकी बेर मतदाता पछिला चुनाव में एक सीट के खाई के पूरा क दिहे।

सरकार के काम के दे रहल बिया जानकारी 

बिहार भाजपा के मीडिया प्रभारी दानिश इकबाल दावा कइले कि 40 सीट जीतल सिर्फ नारा ना ह, इ NDA कार्यकर्ता के संकल्प ह। उ कहले कि, 'आज विरोधी लोग तुष्टीकरण के माध्यम से कवनो खास समुदाय के लोग के अपना ओर खींचे के कोशिश करतारे। एकरा संगे-संगे प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ना खाली विकास के काम के धर्म से ऊपर रखले, बलुक एकरा प लोग के चर्चा के शुरुआत भी संभव क देले। भाजपा 4 बात प मतदाता के बीच जा रहल बिया। पछिला 10 साल में भाजपा कार्यकर्ता केंद्र सरकार के काम के घर-घर में ले जा रहल बाड़े।

भाजपा के आपन विचारधारा बा’

दानिश इकबाल के मुताबिक हमनी के नेतृत्व, देश के विकास के इरादा आ राष्ट्रवाद के नीति बा जबकि विरोधी के लगे कुछूओ नइखे। उ कहले कि भाजपा के आपन विचारधारा बा, जवन कि देश के मजबूत आ ताकतवर बनावे के बा। भाजपा कार्यकर्ता के पार्टी ह आ हमनी के कार्यकर्ता अपना लक्ष्य के पूरा करे खातीर बूथ तक मेहनत करतारे। देश में योजना के लाभार्थी के भारी संख्या बा, जवन भाजपा छोड़ के दोसरा तरफ नइखे जा सकत। राम मंदिर के निर्माण, जम्मू कश्मीर से अनुच्छेद 370 के हटावल, एकरा अलावे आ बहुत काम बा, जवना के समाधान जनता चाहत रहे।

‘देश में एनडीए के चार सौ से अधिका सीट मिलल

दानिश इकबाल कहले कि अइसन स्थिति में इ तय बा कि एनडीए राज्य के 40 सीट ना जीती बलुक देश के 400 सीट भी पार करी। बता दीं कि भाजपा एह चुनाव में जदयू, हिंदुस्तानी आवाम मोर्चा, लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) आ राष्ट्रीय लोक मोर्चा के संगे चुनावी मैदान में बिया ।

Tags :
Asansol Loksabha SeatBhojpuri khabarBihar Lokashbabihar NDA politicsbihar politicsBjpBjp loksabhaKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpuriLoksabha 2024 ElectionModi governementNDA
Advertisement
Next Article