टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

लोकसभा चुनाव 2024 : "जनता करे पुकार...", रॉबर्ट वद्रा के समर्थन में अमेठी में लगावल पोस्टर

09:30 AM Apr 24, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

अमेठी में पोस्टर लगवला का बाद अब ऊ अटकलन मजबूत हो रहल बा जवना का तहत कहल जात रहे कि अबकी बेर कांग्रेस अमेठी से रॉबर्ट वाड्रा के मैदान प उतार सकेले ।

Advertisement

लोकसभा चुनाव (2024) के देखत सभे राजनीतिक दल चुनाव प्रचार में लागल बा। एह सब के बीच अमेठी लोकसभा सीट के लेके राजनीतिक हलकन में तरह तरह के चर्चा हो रहल बा। अबकी केहू दावा करत बा कि राहुल गांधी फेर अमेठी से चुनाव लड़िहें त केहू प्रियंका गांधी के पति रॉबर्ट वद्रा के चुनावी सफर एहिजा से शुरू करे के बात करत बा । बाकिर एह सब अटकलन का बीच कांग्रेस अबहीं ले एह सीट से अपना कवनो उम्मीदवार के नाम नइखे एलान एह सब का बीच सोमार का दिने अमेठी में रॉबर्ट वाड्रा के समर्थन में पोस्टर लगावल गइल।

ई पोस्टर के लगवले बा एकर कवनो जानकारी नइखे । एह पोस्टर में अमेठी के लोग के याचिकाकर्ता के रूप में लिखल गइल बा अमेठी में जवन पोस्टर लगावल गइल बा ओहमें लिखल बा कि अमेठी के लोग अबकी बेर रॉबर्ट वाड्रा के बोलावे के चाहीं । एह पोस्टरन के लगावे का बाद अब ऊ अटकलन भी मजबूत हो रहल बा जवना के तहत कहल जात रहे कि अबकी बेर कांग्रेस अमेठी से रॉबर्ट वाड्रा के मैदान पर उतार सकेले ।

 

रॉबर्ट वाड्रा के बयान से भी एह अटकलन के अउरी ताकत मिल रहल बा जवना के तहत उ खुद अमेठी से आपन चुनावी सफर शुरू करे के इच्छा जतवले रहले।

बता दीं कि जब कांग्रेस अमेठी से कवनो उम्मीदवार ना घोषित कइलसि त अमेठी से बइठल भारतीय जनता पार्टी के सांसद आ केंद्रीय मंत्री स्मृति ईरानी कांग्रेस के वरिष्ठ नेता राहुल गांधी आ उनकर जीजा रॉबर्ट वाड्रा पर चुटकी लिहली । उ दावा कइले रहली कि राहुल गांधी सांसद के रूप में 15 साल में जवन काम कइले रहले, ओकरा से जादे काम उनका से महज पांच साल में हो गइल।

स्मृति ईरानी के ई टिप्पणी एह अटकलन का बाद आइल बा कि रॉबर्ट वाड्रा के अमेठी से चुनाव लड़े के संभावना बा । अमेठी बहुत दिन से कांग्रेस पार्टी के गढ़ मानल जाता, लेकिन 2019 के चुनाव में स्मृति ईरानी राहुल गांधी के हरा देले रहली। लोकसभा चुनाव 2024 के दौरान 20 मई के पांचवा चरण में अमेठी में मतदान होई।

अमेठी में एगो बैठक में स्मृति ईरानी कहली कि, "जीजा जी के नजर सीट प बा, साले साहेब (राहुल गांधी) का करीहे...? एक समय रहे जब बस में सफर करेवाला लोग अपना सीट प हाथ से निशान लगावत रहले।" " उ एगो रूमाल छोड़ के चलत रहले कि ओकरा प केहु ना बईठे... राहुल गांधी भी अपना सीट प रूमाल से निशान लगावे आइहे, काहेंकी उनकर देवर के नजर ए सीट प बा..."

Tags :
2024 election2024 up electionAmethiAmethi newsBhojpuri khabarBjp loksabhaCongressKhabar Bhojpur NewsKhabar Bhojpuri NewsLoksabahaLoksabha 2024 ElectionRahul gandhirobort vadrasmriti Irani
Advertisement
Next Article