For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

हरियाणा में कांग्रेस नेता रणदीप सुरजेवाला कइले हेमा मालिनी पs अभद्र टिप्पणी, भड़कल बीजेपी

08:04 AM Apr 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
हरियाणा में कांग्रेस नेता रणदीप सुरजेवाला कइले हेमा मालिनी पs अभद्र टिप्पणी  भड़कल बीजेपी
Advertisement

कांग्रेस महासचिव रणदीप सुरजेवाला मथुरा से भाजपा सांसद हेमा मालिनी के लेके विवादित बयान देले बाड़े। हरियाणा के कैथल में आयोजित एगो कार्यक्रम में जनता के संबोधित करत सुरजेवाला कहले कि आप लोग हमनी के विधायक अवुरी सांसद बनाई ताकि हमनी के संसद में जनता के आवाज उठा सकीले। 'हेमा मालिनी तs नइखे...' कवनो फिल्म स्टार नइखे। हम हेमा मालिनी के भी इज्जत करेनी काहे कि उनुकर बियाह धर्मेन्द्र से भईल बा अवुरी उs हमनी के पतोह हई। ई लोग फिल्म स्टार हो सकेला। बाकिर एही से रउरा हमरा भा गुप्ता जी के सांसद विधायक बना दीं जेहसे कि हमनी के रउरा सेवा कs सकीले। रणदीप सुरजेवाला इs बयान पूंडरी विधानसभा के फ़रल गांव में देले।

Advertisement

सुरजेवाला के बयान पs भाजपा नाराज

दूसर ओर भाजपा रणदीप सुरजेवाला के एs बयान के कड़ा निंदा कईले बिया। भाजपा के आरोप बा कि एहसे पता चलत बा कि मुख्य विपक्षी पार्टी महिला से नफरत करेले। भाजपा के आईटी विभाग प्रमुख अमित मालवीया सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘एक्स’ पs एगो वीडियो शेयर कईले, जवना में कांग्रेस सांसद सत्ताधारी पार्टी पs हमला करत अभिनेत्री-नेता के बारे में कथित तौर पs कुछ आपत्तिजनक टिप्पणी करतारे। हालांकि ई पता नइखे कि ई वीडियो कब के हs।

अमित मालवीया कांग्रेस के निशाना बनावत बाड़े

उ कहले कि, "कांग्रेस सांसद रणदीप सुरजेवाला हेमा मालिनी के खिलाफ अशोभनीय टिप्पणी कईले बाड़े, जवन कि खाली उनुका ना बालुक सभ महिला के अपमान करता। सुरजेवाला के वीडियो शेयर करत उs कहले कि इs राहुल गांधी के कांग्रेस हs, जवन कि महिला के अपमान करता।" हेमा मालिनी एह लोकसभा चुनाव में मथुरा से भाजपा के उम्मीदवार भी बाड़ी, हरियाणा में लोकसभा चुनाव प्रचार जोर शोर से चल रहल बा, भाजपा आ कांग्रेस के बीच आरोप आ जवाबी आरोप जारी बा।

Tags :
Advertisement