For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Loksabha Election: कैसरगंज सीट से बृजभूषण शरण सिंह के बेटा करण भूषण हो सकत बाड़ें प्रत्याशी, कुछे देर में एलान

12:13 PM May 02, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
loksabha election  कैसरगंज सीट से बृजभूषण शरण सिंह के बेटा करण भूषण हो सकत बाड़ें प्रत्याशी  कुछे देर में एलान
Advertisement

यूपी के चर्चित लोकसभा सीट कैसरगंज पs भाजपा के उम्मीदवार के लेके सस्पेंस खत्म होखे वाला बा। एह सीट से मवजूदा सांसद बृज भूषण शरण सिंह चुनाव ना लड़िहें। भाजपा उनकर छोट बेटा करण भूषण के चुनाव मैदान में उतारे के फैसला कइले बिया। सूत्रन के कहनाम बा कि भाजपा के केंद्रीय नेतृत्व अभी कुछे घंटा बाद करण भूषण के नाम के एलान कs सकत बा।

Advertisement

टिकट के आश्वासन मिलला के बाद करन भूषण अपना पिता आ वर्तमान सांसद बृजभूषण शरण सिंह से आसिरबाद आ उनकर गोड़ छुअलें। आसिरबाद लेला के दौरान बृजभूषण अपना समर्थकन से करण भूषण सिंह के प्रत्याशी बनावल जाए के बात बतवलें आ क्षेत्र में प्रचार करे के बात कहलें। करन भूषण सुक के सबेरे 11:00 बजे नामांकन दाखिल करिहें।

कैसरगंज सीट पs बृजभूषण के मजबूत पकड़ बा। अइसन में पहिलही से कयास लगावल जात रहे कि भाजपा उनका कवनो परिजन के टिकट दे सकत बिया। बृजभूषण खुद चुनाव लड़ल चाहत रहलें बाकिर महिला पहलवानन कावर से गंभीर आरोप लगवला से उनकर उम्मीदवारी खतरा में पड़ गइल।

बीतल दिनन सांसद बृजभूषण शरण सिंह बयान देलें कि कैसरगंज के नाम हिन्दुस्तान ना बलुक समूचा दुनिया में महक रहल बा। जहां तक टिकट के बात बा तs हमनी के क्षेत्र में कार्यकर्ता चैतन्य बा लो, पार्टी चुप बिया। बरात सजल बा, बाकिर दूल्हा गायब बा। बाकिर हमार दावा बा कि जदि भाजपा हाईकमान एक घंटा पहिलहूं घोषित कs देम तs बड़ जीत के संगे दिल्ली पहुंचलें। ऊ कहले रहस कि प्रदेश आ केंद्रीय नेतृत्व इहां के कार्यकर्ता लोगन के भावना के खेयाल जरूर रखी। भाजपा उनका के तs ना बाकिर उनका बेटा के टिकट दे देलस।

कैसरगंज सीट पs नामांकन खातिर अंतिम तारीख तीन मई बा। एह सीट में पांचवां चरण में मतदान होई। पांचवां चरण में यूपी में मोहनलालगंज, लखनऊ, रायबरेली, अमेठी, जालौन, झांसी, हमीरपुर, बांदा, फतेहपुर, कौशांबी, बाराबंकी, फैजाबाद, कैसरगंज आ गोंडा में मतदान होई।

Tags :
Advertisement