टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सपा से गठबंधन खतम होखला पs पल्लवी पटेल के बड़ बयान - एनडीए से ऑफर मिलल तs विचार करेम

03:06 PM Mar 22, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

समाजवादी पार्टी से अपना दल कमेरावादी के गठबंधन टूटला के बाद पल्लवी पटेल बड़ बयान देले बाड़ी। ऊ कहली कि जदि एनडीए से ऑफर मिलल तs हम एह पs विचार करेम। ऊ कहलें कि इंडिया गठबंधन हमनी के संगे उहे कs रहल बा जवन नीतीश कुमार के संगे कइल। हमनी के तीन सीट गठबंधन के सहजोगियन से चरचा के बाद घोषित कइले रहनी सs। अखिलेश गठबंधन खतम होखे के बात कहले बाड़ें। उनकर स्वागत बा। ऊ कहलें कि कांग्रेस तय करे कि अपना दल कमेरावादी इंडिया गठबंधन में बिया की ना। एनडीए से ऑफर आइल तs सोचल जाई। हमनी के राजनीति करे के बा।

Advertisement

बता दीं कि अपना दल के दूसरका घटक अपना दल सोनेलाल एनडीए के सहजोगी दल हs आ एकर राष्ट्रीय अध्यक्ष अनुप्रिया पटेल हई। ऊ केंद्र में मंत्री बाड़ी। अपना दल कमेरावादी के अध्यक्ष उनकर माई कृष्णा पटेल अक्सर खुलके अपना बड़ी बेटी अनुप्रिया के सार्वजनिक तौर पs निंदा करत रहेली।

सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव बियफे के अपना दल कमेरावादी से 2024 के लोकसभा चुनाव में गठबंधन न होखला के एलान कs देलें। एकरा एक दिन पहिले कृष्णा पटेल के अगुवाई वाला ई दल प्रदेश के तीन लोकसभा सीटन पs चुनाव लड़े के एलान कs देले रहे। अखिलेश यादव कहलें कि अपना दल कमेरावादी से विधानसभा चुनाव 2022 खातिर गठबंधन कइल गइल रहे, 2024 खातिर ना।

सपा से लोकसभा के सीटन पs बात न बनला पs कृष्णा पटेल बुध के मिर्जापुर सहित तीन सीटन पs चुनाव लड़े के घोषणा कइले रहली। एकरा कुछ देर बादे सपा मिर्जापुर सीट पs आपन प्रत्याशी उतार देलस। कृष्णा पटेल के बेटी पल्लवी पटेल सपा के सिंबल पs कौशांबी के सिराथू विधानसभा सीट से चुनाव लड़ले रहली आ डिप्टी सीएम केशव प्रसाद मौर्य के हरवले रहली।

Tags :
Apna Kameravadi DalBhojpuri NewsCongressIndi AllianceLoksabha ElectionNDASP
Advertisement
Next Article