For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

नया दुल्हीन के कमरा में बॉक्स के भीतरी मिलल रहे प्रेमी, पूछताछ में निकलल अइसन रिश्ता, जान के उड़ल सभकर होश, अब जिद में रचवलें शादी

09:09 AM Jun 16, 2024 IST | Sonu Kishor
नया दुल्हीन के कमरा में बॉक्स के भीतरी मिलल रहे प्रेमी  पूछताछ में निकलल अइसन रिश्ता  जान के उड़ल सभकर होश  अब जिद में रचवलें शादी
Advertisement

उत्‍तर प्रदेश के गोरखपुर जिला में एगो अइसन मामला सामने आइल बा कि जान के केहू हैरान हो जाई। इहाँ एगो लइकी के बियाह अबहीं डेढ़ महीना पहिले भइल रहे। पति ओकर बाहर कमाए चल गइल। दू दिन पहिले महिला के कमरा से केहू के आवाज आइल तऽ ससुराल वाला जांच कइले तऽ बॉक्‍स के भीतरी से एगो लड़का निकलल। उऽ ओकर प्रेमी निकलल आ रिशता में चचेरा भाइयो।

Advertisement

पति के छोड़कर युवती अपना चचेरा भाई से शुक के शादी कऽ लेलस। परिवार वालन के सहमति से दुनु जाना गांव के मंदिर में फेरा लेले।

कोठा गांव के रहे वाला युवक के बियाह डेढ़ महीना पहिले खोराबार इलाका में रहे वाली युवती से भइल रहे। बियाह के कुछ दिन बाद युवक चंड़ीगढ़ चल गइल। गुरुवार के रात में युवती के कमरा में केहू के होखे के आहट मिलल तऽ ओकर सास बाहर से दरवाजा बंद कऽ देली।

परिवार वाला कमरा के तलाशी लेले तऽ बाक्स में युवती के चचेरा भाई मिलल। पूछला पs दुनु जाना बतवले कि एक दूसरा से प्यार करेले आ एक साथे रहिहें। परिवार के लोग समझावे के प्रयास कइलस बाकिर ना मनले।

पंचायत में कवनो हल ना निकलला पs शुक के परिवार के लोग गांव के डीह स्थान मंदिर में दुनु के बियाह करा देले।

Tags :
Advertisement