For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

LSG vs DC: DRS के लेके खड़ा भइल बखेड़ा, आपने गलती माने के तैयार ना भइले Rishabh Pant! अंपायर से जम के भइल तीत बहस

11:51 AM Apr 13, 2024 IST | Sonu Kishor
lsg vs dc  drs के लेके खड़ा भइल बखेड़ा  आपने गलती माने के तैयार ना भइले rishabh pant  अंपायर से जम के भइल तीत बहस
Advertisement

LSG vs DC: आईपीएल 2024 के 26वा मैच में दिल्ली कैपिटल्स लखनऊ सुपर जायंट्स के 6 विकेट से पटखनी देलस। लखनऊ के पारी के दौरान दिल्ली के कप्तान ऋषभ पंत डीआरएस के लेके अंपायर से भिड़ गइले। अंपायर आ पंत के बीच काफी देर ले तिखा बहस चलल। पंत आपन गलती माने खातिर तइयार ना भइले। हालांकि पंत के प्रदर्शन बल्ला से शानदार रहल।

Advertisement

Rishabh Pant DRS Controversy: ऋषभ पंत के गिनती काफी शांत क्रिकेटर्स में कइल जाला। पंत के मैदान पऽ अक्सर मुस्कुरात देखल जाला। हालांकि, लखनऊ सुपर जायंट्स आ दिल्ली कैपिटल्स के बीच खेलल गइल मुकाबले में पंत के अलगे रूप देखे के मिलल। दिल्ली के कप्तान डीआरएस के लेके बीच मैदान पऽ अंपायर से भिड़ गइले। पंत आ अंपायर के बीच काफी देर तले बहस चलल, बाकिर ऋषभ आपन गलती माने के तइयार नइखन।

डीआरएस के लेके खड़ा भइल बखेड़ा

दरअसल, ई घटना लखनऊ सुपर जायंट्स के पारी के चौथा ओवर में भइल। ईशांत शर्मा ओवर के चौथा गेंद बाहर के तरफ फेंकले, जेकरा के अंपायर वाइड करार दे देले। अंपायर के फैसला के चैलेंज करे खातिर ऋषभ पंत अपना खिलाड़ियन से बातचीत करत नजर अइले। पंत एही दौरान अइसन ईशारा कइले जइसे उऽ डीआरएस लेवे के चाहत बाड़े। पंत के दुनु हाथन के देख के अइसने लागल कि उऽ डीआरएस लेवे के इशारा कर रहल बाड़े।

अंपायर से भइल तीखा बहस

पंत के हाथन के इशारा देख के ऑन फील्ड अंपायर फैसला के थर्ड अंपायर के लगे भेज देले। रिप्ले में साफतौर पर गेंद लाइन से बाहर जात लउकल आ दिल्ली ए तरे आपन एगो रिव्यू बिना बात के गंवा देलस। थर्ड अंपायर के फैसला आवते पंत अंपायर के लगे गइले।

दिल्ली कैपिटल्स के कप्तान अंपायर के सामने सफाई देले कि उऽ हाथन से इशारा फील्डर के ओर कइले रहले ना की डीआरएस लेवे खातिर। ए बात के लेके पंत अंपायर से काफी देर ले बहस करत नजर अइले। पंत आपन गलती माने के तइयार ना रहले, जबकी रिप्ले में साफतौर पऽ लउकत रहे कि पंत डीआरएस लेवे के इशारा कइले बाड़े।

Tags :
Advertisement