For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

लखनऊ: ट्रांसपोर्ट नगर में ढहल तीन मंजिला इमारत, एक के मौत; कइयन लोगन के दबल होखला के आशंका

07:36 PM Sep 07, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
लखनऊ  ट्रांसपोर्ट नगर में ढहल तीन मंजिला इमारत  एक के मौत  कइयन लोगन के दबल होखला के आशंका
Advertisement

यूपी के राजधानी लखनऊ के ट्रांसपोर्ट नगर में सनीचर के सांझ बरखा के दौरान एक तीन मंजिला इमारत ढह गइल। हादसा में एगो व्यक्ति के मौत के सूचना मिलल बा।

Advertisement

ओहिजा, दमकल विभाग के साथ एनडीआरएफ आ एसडीआरएफ के दुगो टीम बचाव कार्य में जुटल बाड़ी सs। अब तक मिलल सूचना के अनुसार, मलबे से 13 लोगन के बाहर निकालल जा चुकल बा।

बतावल गइल बा कि इमारत में दवा के गोदामो रहे। ओहिजा, हादसा पs मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ संज्ञान लेत एनडीआरएफ आ एसडीआरएफ बचाव कार्य खातिर निरदेस दिहल गइल बा। मुख्यमंत्री घायलन के तत्काल अस्पताल पहुंचाके जिला प्रशासन के अधिकारियन के ओह लोगन के समुचित उपचार के निरदेस देले बा।

Tags :
Advertisement