For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

लखनऊ: सीएम के फ्लीट के सामने आइल कुत्ता, अनियंत्रित बोलेरो कई गो गाड़ियन से लड़ल, दर्जन लोग भइल जख्मी

10:22 PM Feb 24, 2024 IST | Sonu Kishor
लखनऊ  सीएम के फ्लीट के सामने आइल कुत्ता  अनियंत्रित बोलेरो कई गो गाड़ियन से लड़ल  दर्जन लोग भइल जख्मी
Advertisement

लखनऊ के अर्जुनगंज इलाका में सीएम योगी के फ्लीट के एगो बोलेरो अनियंत्रित हो गइल। अनियंत्रित होके उऽ कई गाड़ियन से लड़ल । ए हादसा में कई गो पुलिसकर्मी आ कई हो आमो आदमी घायल हो गइल बा। घायलन के शहर के अलग-अलग अस्पतालन में ले जाइल गइल बा।। मौके पऽ पुलिस कमिश्नर-डीएम सहित वरिष्ठ अधिकारी पहुंचले। प्रमुख सचिव ग्रह संजय प्रसाद आ पुलिस कमिश्नर, डीजीपी प्रशांत कुमार मौके पऽ रहलें मौजूद।

Advertisement

पुलिस वालन के अलावा आम लोगो ए घटना में घायल भइल बा। ए घटना में घायल लोगन में सात गो लोग के ट्रामा सेंटर भेजल गइल तऽ छव गो घायल लोहिया अस्पताल भेजल गइले।

कुछ पुलिस वालन के गंभीर चोट आइल बा।

Tags :
Advertisement