For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Lucknow: कोर्ट लेके जा रहलऽ महिला कैदियन के गाड़ी में लागल आग, कैदी आ पुलिसकर्मी लो कूद के बचवलस जान 

06:43 PM Apr 30, 2024 IST | Sonu Kishor
lucknow  कोर्ट लेके जा रहलऽ महिला कैदियन के गाड़ी में लागल आग  कैदी आ पुलिसकर्मी लो कूद के बचवलस जान 
Advertisement

Lucknow: राजधानी लखनऊ के हजरतगंज में राजभवन गेट नंबर 14 के नियरे सोमार में जिला जेल से महिला कैदियन के कोर्ट ले जा रहल गाड़ी में अचानक आग लाग गइल। हादसे के कारण उहाँ अफरातफरी मच गइल।

Advertisement

आननफानन गाड़ी में बइठल नौ गो महिला कैदी आ 14 पुलिसकर्मी सहित 23 लोग कूद के आपन जान बचवलस। लोगन के सूचना पs मौका पs पहुंचल दमकल कर्मी दो गो गाड़ी से आधे घंटा के मशक्कत के बाद आग पऽ काबू पावल गइल।

राजभवन गेट नंबर 14 के लगे दोपहर 12 बजे कैदियन के लेके जा रहल पुलिस गाड़ी के इंजन से धुआं निकले लागल। देखते - देखत गाड़ी से आग के तेज लपट उठे लागल। आग देख लोग चिलाए लागल। आननफानन में चालक गाड़ी सड़क किनारे लगवले।

एकरा बाद महिला कैदी आ पुलिसकर्मी सहित 23 लोग गाड़ी से कूद के जान बचवलस। एफएसओ हजरतगंज राम कुमार रावत के मोताबिक आग से कवनो हताहत नइखे भइल। आग पs आधा घंटा में काबू पा लिहल गइल। हालांकि, तबले पुलिस गाड़ी काफी हद ले जर गइल रहे।

Tags :
Advertisement