For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Madhumita Murder Case: मधुमिता हत्याकांड के शूटर प्रकाश पांडे के मौत, पूर्व मंत्री अमरमणि के संगे भइल रहे सजा

08:10 AM Sep 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
madhumita murder case  मधुमिता हत्याकांड के शूटर प्रकाश पांडे के मौत  पूर्व मंत्री अमरमणि के संगे भइल रहे सजा
मधुमिता शुक्ला आ शूटर प्रकाश पांडे - फोटो : अमर उजाला
Advertisement

गोरखपुर। चर्चित मधुमिता हत्याकांड के शूटर प्रकाश पांडे के सुक के मौत हो गइल। पूर्व मंत्री आ ममिला में आरोपी अमरमणि त्रिपाठी के संगही प्रकाश पांडेय के आजीवन कारावास के सजा भइल रहे।

Advertisement

बियफे के लखनऊ के एगो हॉस्पिटल में लिवर कैंसर से जूझ रहल प्रकाश पांडे के इलाज के दौरान मौत हो गइल। रात में गोरखपुर के राजघाट में अंतिम संस्कार भइल। बता दीं कि 9 मई 2003 के लखनऊ में मधुमिता शुक्ला के हत्या भइल रहे। शाहपुर इलाका में प्रकाश पांडे के घर बा।

कवियत्री मधुमिता शुक्‍ला के हत्या कब भइल

बता दीं कि 9 मई 2003 के लखनऊ के पेपरमिल कालोनी निशातगंज में मशहूर कवियत्री मधुमिता शुक्ला के गोली मार के हत्या कs दिहल गइल रहे। हत्या के बाद मधुमिता अवुरी अमरमणि के प्रेम प्रसंग के जानकारी सोझा आइल, ओ समय राज्य के बसपा सरकार आ अमरमणि बसपा सरकार के कद्दावर मंत्री में सामिल रहले। बतावल जात बा कि जेल गइला के बादो पूर्व मंत्री अमरमणि के हनक कम ना भइल।

Tags :
Advertisement