टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मध्य प्रदेश: सीहोर में ट्रेन के चपेट में अवले से बाघ के शावक के मउत, 2 गो घायल शावकन के रेस्क्यू कइल गईल

10:40 AM Jul 17, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

सीहोर : मध्य प्रदेश के सीहोर में दुखद हादसा हो गया। इहाँ के बुधनी इलाका में ट्रेन से टकरा के एगो बाघ के बच्चा के मौत हो गईल अवुरी दु बच्चा घाही हो गईले। दुनों घायल शावक के बचा के इलाज खातीर विशेष ट्रेन से भोपाल के वन विहार पहुंचावल गईल। पोस्टमार्टम के बाद मरेवाला बच्चा के अंतिम संस्कार कईल गईल।

मुख्य वन संरक्षक राजेश खरे कहले कि, 'संभावना बा कि बाघिन सबेरे अपना बच्चा के संगे पानी पिए जाए वाला होखस। ओह दौरान तीन गो शावक ट्रेन के टक्कर मार दिहलस। एक बच्चा के मउत हो गईल अवुरी 2 बच्चा घाही हो गईले। विभाग के जइसहीं एह बारे में जानकारी मिलल तs हमनी के तुरते मौका पs निकल गइनी जा. घायल दुनो शावक के बच्चा के इलाज खातीर भोपाल के वन विहार पहुंचावल गईल बा।

घायल शावक खातिर विशेष ट्रेन चलल

मिलल जानकारी के मुताबिक घायल दुनो शावक के हालत के देखत उहाँ इलाज संभव ना रहे अवुरी एकरा के भोपाल के वन्यजीव अस्पताल में भर्ती करावल जरूरी रहे। जब रेलवे के वरिष्ठ अधिकारी के एs बारे में जानकारी मिलल तs कलेक्टर के निहोरा पs रेलवे के वरिष्ठ अधिकारी बुधनी के मौका पs एक डिब्बा के विशेष ट्रेन भेजे के फैसला कईले।

 

 

 

Tags :
Madhya PradeshMadhya pradesh newsTigerTrain
Advertisement
Next Article