Mahakumbh 2025 : संगम नगरी में काल्ह गंगा पूजन करेंगे पीएम मोदी, विश्व को देंगे महाकुंभ का आमंत्रण
Mahakumbh 2025: संगम के रेती पs अस्थायी तौर पs बसे वाला महाकुंभ नगर में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सुक के चार घंटा तक रहिहें। एह दौरान ऊ गंगा पूजन के संगे दुनिया भर के लोगन के एह अध्यात्मिक नगरी में आवे के आमंत्रणों दिहें।
महाकुंभ के आयोजन 13 जनवरी से सुरू होके 26 फरवरी तक चली। प्रधानमंत्री सुक के गंगा पूजन के संगे एकर सुरुआत करिहें। प्रधानमंत्री विशेष विमान से करीब 11:25 बजे बमरौली एयरपोर्ट पs उतरिहें। उहां से हेलीकॉप्टर से अरैल जइहें। अरैल से निषादराज क्रूज से किला घाट अइहें।
किला घाट से प्रधानमंत्री संगम नोज पहुंचिहें आ गंगा पूजन के संगे संतन से वार्ता करिहें। प्रधानमंत्री सरस्वती कूप, अक्षयवट आ बड़ हनुमान मंदिर में दर्शन करिहें। प्रधानमंत्री के संगम स्नान के बातो कहल जा रहल बा। एकरा के ध्यान में रखके तइयारी कइल गइल बा। गंगा पूजन के बाद प्रधानमंत्री संगम नोज पs बनल पंडाल में सभा के संबोधित करिहें। एकरा पहिले ऊ 7,000 करोड़ रुपिया से जादे के करीब छव सौ निर्माण परियोजनन के लोकार्पण करिहें।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन
प्रधानमंत्री एही मंच से शृंग्वेरपुर धाम में बनल घाट, निषादराज पार्क आ गर मिलतही आ भगवान राम आउर निषादराज के प्रतिमा के वर्चुअल लोकार्पण करिहें। एही के संगे शृंग्वेरपुर में बने वाला गंगा रिवर फ्रंट आ संग्रहालय के शिलान्यासो करिहें।
अखाड़ा प्रतिनिधियन से करिहें संवाद
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सुक के अखाड़ा के श्रीमहंत-महामंडलेश्वर लोगन के संगे महाकुंभ के लेके संवाद करिहें। संवाद में 13 अखाड़न के 26 प्रतिनिधि सामिल होई लो। प्रधानमंत्री के संगे संवाद खातिर चयनित अखाड़न के प्रतिनिधियन के बुध के सूचीबद्ध कs लिहल गइल। पीएम मोदी के संगे संवाद खातिर हर अखाड़ा से द-दु पदाधिकारियन के चुनल गइल बा। अखाड़न के अलावे आचार्यवाड़ा, दंडीवाड़ा आ खाक चौक के संत एमे सामिल होई लो।
15 किसिम के गुलाब से पीएम मोदी के होई स्वागत
प्रधानमंत्री मोदी के स्वागत 4,000 क्विंटल फूलन से होई। स्वागत खातिर 15 किसिम के गुलाब मंगावल गइल बा। कर्नाटक, पश्चिम बंगाल आ दिल्ली के 32 प्रजातियन के फूल आ जिप्सो आउर बेबीज ब्रीथ जइसन बिदेसी फूल वातावरण के महकाई। एकरा अलावे कोलकाता से गेंदा के फूल के दुगो किसिम आइल बा। एही तरे लिली आ आर्किड के फूल मंगावल गइल बा। इहे ना बिदेसी प्रजातियन के फूलो सामिल बा।
देस के पहिला एआई निगरानी वाला आईसीयू वार्ड तइयार
महाकुंभ मेला क्षेत्र में छावनी अस्पताल देस के पहिला एआई निगरानी वाला आईसीयू वार्ड तइयार कइले बा। आम कैमरन के संजीवनी एआई साफ्टवेयर से जोड़के मात्र 3200 रुपिया में ई उपलब्धि हासिल कइल गइल बा। मरीजों के उलझन, छाती में दरद, सांस फूलला, दरद आ घबराहट बोलतही शीर्ष तीन अफसरन के फोन पs अलार्म बाजी। ओके लिखले पs ई बंद होई। सीएम योगी बियफे के एकर डेमो लिहें।
साभार: अमर उजाला