टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Mahakumbh: महाकुंभ में भक्तन के सुविधा खातिर 4000 गाइड के प्रशिक्षण दिहल जाई, सभे के मानद दिहल जाई

11:22 AM Aug 13, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

प्रशिक्षण खातिर उमिर 18 से 60 साल होखे के चाहीं आ न्यूनतम शैक्षणिक योग्यता 12वां पास होखे के चाहीं। हर बैच में 60 लोग रहीहें। गाइड प्रशिक्षण पांच दिन तक चली। एक दिन नाव चलावे वाला, टैक्सी चालक आ सरोकारवाला लोग के प्रशिक्षण दिहल जाई।

Advertisement

अगिला साल प्रयागराज में होखे वाला महाकुंभ में भारत आ विदेश से आवे वाला भक्तन के बेहतर सेवा, सुविधा आ मार्गदर्शन देबे खातिर पर्यटन विभाग 4000 गाइड, नाव चलावे वाला, टैक्सी चालक आदि के प्रशिक्षण दी। साथही भक्तन के ठहरला खातिर टेंट सिटी, होम स्टे, होटल वगैरह के इंतजाम भी बड़ पैमाना पर कइल जाई। महाकुंभ में 40 करोड़ से अधिका भक्तन के आवे के उमेद बा।

पर्यटन आ संस्कृति मंत्री जयवीर सिंह बतवले कि प्रशिक्षण खातिर 18 से 60 साल के उमिर आ न्यूनतम शैक्षणिक योग्यता 12वीं पास होखे के चाहीं। हर बैच में 60 लोग रहीहें। गाइड प्रशिक्षण पांच दिन तक चली। एक दिन नाव चलावे वाला, टैक्सी चालक आ सरोकारवाला लोग के प्रशिक्षण दिहल जाई। ऊ बतवले कि एकरा माध्यम से महाकुंभ खातीर प्रशिक्षित मानव संसाधन तैयार कइल जाई।

ऊ जानकारी देले कि पर्यटन विभाग प्रयागराज के होटल आ आदरणीय कांशी राम पर्यटन संस्थान लखनऊ में प्रशिक्षण कार्यक्रम के आयोजन करता। मेला शुरू भइला के बाद जनवरी से काम करे वाला सगरी प्रशिक्षु लोग के मानदेय भी दिहल जाई। इच्छुक आवेदक पर्यटन विभाग में रजिस्ट्रेशन करा सकेलें।

Tags :
Bhojpuri khabarGuidelinesGuidelines Issuedkhabar bhojpuri news specialkhabarBhojpuriOfficialMahakumbhmahakumbh melaPrayagraj News
Advertisement
Next Article