'वक्फ के जमीन पs लागल बा महाकुंभ', AIMJ के अध्यक्ष बरेलवी के बड़ दावा
अखिल भारतीय मुस्लिम जमात के राष्ट्रीय अध्यक्ष मौलाना शहाबुद्दीन रज़वी बरेलवी प्रयागराज में होखे वाला महाकुंभ के लेके बयान देले बाड़े। बरेलवी कहले कि प्रयागराज निवासी सरताज के दावा बा कि जवना जमीन पs कुंभ मेला के तैयारी होखता उs वक्फ के हs। इs जमीन लगभग 55 बीघा के बा।
मुसलमान बहुत हिम्मत देखवले बाड़े अवुरी कवनो आपत्ति नईखन जतवले। कुंभ मेला के तमाम इंतजाम एही वक्फ जमीन पs हो रहल बा। बाकिर दूसरा ओर अखाड़ा परिषद अवुरी बाकी बाबा लोग मुसलमान के प्रवेश पs रोक लगावत बाड़े। अयीसना में बाबा के मुसलमान निहन बड़ दिल देखावे के होई।
मौलाना कहले कि मुसलमान बड़ दिल देखवले बाड़े
बरेलवी आगे कहले कि 'मुसलमान हमेशा से बड़ दिल देखवले बाड़े। अखाड़ा परिषद के साधू आ संन्यासी लोग कुंभ मेला में मुसलमानन के प्रवेश पs रोक लगा दिहले बाड़े. प्रयागराज के मुसलमानन में से एक के नाव सरताज हs। अलानिया के जमीन के बहुत हिस्सा पs जवन शामियाना, टेंट आदि लगावल गईल बा, उs वक्फ जमीन हs, उs जानकारी देले। उहाँ के मुसलमानन के धरती हs। मुसलमान के उदारता देखऽ कि मुसलमान कबो खरंजा सड़क आदि के मना ना कइलस। जबकि अखाड़ा परिषद मुसलमानन के ठेला लगावे खातिर प्रवेश पs रोक लगावत बिया.
अइसना में मुसलमान ओहिजा ना घुसीहें. बड़ा दिल देखावत मुसलमान कवनो आपत्ति ना उठवले. जबकि 55 बीघा जमीन वक्फ के हs। जवना पs कुंभ मेला के आयोजन हो रहल बा। अइसना में ऋषि आ संत लोग के एह बारे में सोचे के चाहीं आ तमाम बातन पs गर्व करे के चाहीं।
इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन