टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Maharashtra: NCP जारी कइलस उम्मीदवारन के दूसरका सूची, बांद्रा पूर्व से बाबा सिद्दीकी के बेटा जीशान के टिकट

10:34 AM Oct 25, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
प्रेस कॉन्फ्रेंस के संबोधित करत उप मुख्यमंत्री अजित पवार - फोटो : पीटीआई
Advertisement

महाराष्ट्र चुनाव खातिर अजित पवार के पार्टी एनसीपी (राकांपा) अपना उम्मीदवारन के दूसरका सूची जारी कs देले बिया। एह सूची में सात उम्मीदवारन के नाम जारी कइल गइल रहे। सूची के तहत बांद्रा पूर्व से पार्टी बाबा सिद्दीकी के बेटा जीशान सिद्दीकी के आपन उम्मीदवार बनवले बिया। एनसीपी इस्लामपुर से निशिकांत पाटील, अणुशक्ति नगर से सना मलिक के आपन उम्मीदवार बनवले बिया। गौर करे वाला बात बा कि सना मलिक एनसीपी के दागी नेता नवाब मलिक के बेटी हई।

Advertisement

पहिला सूची में रहे 38 उम्मीदवारन के नाम

अजित पवार के नेतृत्व वाली एनसीपी (राकांपा) एक दिन पहिलही 38 उम्मीदवारन के पहिला सूची जारी कइले रहे। पहिला सूची में पार्टी प्रमुख अजित पवार, छगन भुजबल आ दिलीप वाल्से पाटील जइसन वरिष्ठ नेता लोगन के नाम रहे। अजित पवार बारामती सीट से, छगन भुजबल येवला सीट से आ दिलीप वाल्से पाटील आंबेगाव सीट से चुनाव लड़िहें। पार्टी धनंजय मुडे के परली, नरहरी झिरवाल के दिंडौरी सीट से उम्मीदवार बनवले बिया।

Tags :
2nd List of CandidatesAjit PawarBhojpuri NewsMaharshtra Assembly ElectionNCPpolitical news
Advertisement
Next Article