टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

तमन्ना भाटिया के महाराष्ट्र साइबर सेल भेजलस समन, अवैध स्ट्रीमिंग से जुड़ल बा मामिला

11:26 AM Apr 25, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

दक्षिण से लेके बॉलीवुड ले आपन अभिनय कौशल देखावे वाली तमन्ना भाटिया परेशानी में बाड़ी। अभिनेत्री तमन्ना भाटिया के लेके एगो हैरानी के खबर सामने आईल बा। बतावल जाता कि महाराष्ट्र साइबर सेल तमन्ना भाटिया के बोलवले बा। संजय दत्त के बाद अब अभिनेत्री तमन्ना के नाम भी एह अवैध स्ट्रीमिंग केस में जोड़ल गईल बा। रिलायंस इंडस्ट्रीज लिमिटेड के सहायक कंपनी वायाकॉम 18 के आईपीएल 2023 के अवैध स्ट्रीमिंग के चलते भारी नुकसान उठावे के पड़ल। अब एह मामिला में तमन्ना भाटिया के 29 अप्रैल के साइबर शाखा के सोझा पेश होखे के पड़ी।

Advertisement

महाराष्ट्र साइबर तमन्ना भाटिया के समन भेजलस

महाराष्ट्र साइबर सेल बॉलीवुड अभिनेत्री तमन्ना भाटिया के बोलवले बा। बता दीं कि साइबर सेल महादेव बेटिंग ऐप के सहयोगी ऐप फेयरप्ले के प्रचार के लेके तमन्ना के समन भेजले बा। अब एs मामिला में तमन्ना भाटिया के 29 अप्रैल के साइबर शाखा के सोझा पेश होखे के होई। महाराष्ट्र साइबर फेयरप्ले ऐप पs आईपीएल 2023 के अवैध स्ट्रीमिंग के मामिला में अभिनेत्री तमन्ना के पूछताछ खातीर फोन कईले बा।

अवैध स्ट्रीमिंग केस में फंसली तमन्ना भाटिया

जनता में आईपीएल 2024 के जबरदस्त क्रेज बा। एही बीच आईपीएल के अवैध स्ट्रीमिंग के लेके कई गो वेबसाइटन पs नया अपडेट सामने आइल बा। दिल्ली हाईकोर्ट में अवैध स्ट्रीमिंग के मामिला पहिलही से चलत बा। अधिक जानकारी खातिर बता दीं कि एह स्ट्रीमिंग के चलते वायाकॉम के करोड़ों रुपिया के घाटा भईल रहे। एह सिलसिला में अभिनेता संजय दत्त के भी 23 अप्रैल के बोलावल गईल रहे, लेकिन उs देश से बाहर रहला के चलते उs हाजिर ना भईले। संजय दत्त आपन बयान दर्ज करावे खातिर साइबर सेल से अगिला तारीख अवुरी समय के मांग कईले।

 

 

 

Tags :
bollywoodCyberEntertainmentEntertainment NewsMaharashatraSummonTamannaah Bhatia
Advertisement
Next Article