For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

महाराष्‍ट्र चुनाव: अरविंद केजरीवाल महाराष्‍ट्र में ना करिहें हरियाणा जइसन गलती

08:33 PM Oct 26, 2024 IST | Sonu Kishor
महाराष्‍ट्र चुनाव  अरविंद केजरीवाल महाराष्‍ट्र में ना करिहें हरियाणा जइसन गलती
Advertisement

Maharashtra Chunav 2024: महाराष्ट्र में विधानसभा चुनाव के घोषणा के संगे महायुति आ महाविकाश अघाड़ी के घटक दल के ओर से उम्मीदवार के नाम के घोषणा शुरू हो गइल बा। एही बीच अरविंद केजरीवाल के आम आदमी पार्टी एगो बड़ घोषणा कइले बिया।

Advertisement

महाराष्ट्र में विधानसभा चुनाव के एलान के बाद राज्य के सत्ताधारी महायुति आ महाविकास अघाड़ी (एमवीए) के घटक दल के ओर से उम्मीदवार के नाम के घोषणा शुरू हो गइल बा। ओने हरियाणा विधानसभा चुनाव में इंडिया ब्लॉक से उम्मीदवार खड़ा करे वाली अरविंद केजरीवाल के आम आदमी पार्टी महाराष्ट्र चुनाव के लेके एगो बड़ घोषणा कइले बिया। आप साफ कs दिहलस कि उऽ महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव में उम्मीदवार ना उतारी। संगही, पार्टी के नेता अरविंद केजरीवाल महाविकास  (एमवीए) के उम्मीदवार के पक्ष में प्रचार करे के बात बतावल गइल।

आप के वरिष्ठ नेता आ राज्यसभा सदस्य संजय सिंह एक्स पs एगो पोस्ट में ई जानकारी देले बाड़े। संजय सिंह लिखले कि, 'पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक अरविंद केजरीवाल महाराष्ट्र चुनाव में एमवीए के उम्मीदवार के प्रचार करीहें।' आम आदमी पार्टी महाराष्ट्र में चुनाव ना लड़ी। बता दी कि अरविंद केजरीवाल के पार्टी हरियाणा में आपन उम्मीदवार उतरले रहे। हालांकि पार्टी के एको सीट तक ना मिलल। इंडिया ब्लॉक के एगो महत्वपूर्ण घटक कांग्रेस से सीट बंटवारा के लेके कवनो समझौता ना भइल। हरियाणा में भाजपा साफ बहुमत से सत्ता में वापस आ गइल।

Tags :
Advertisement