टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

महाराष्ट्र: बीजेपी के लगे रही गृह मंत्रालय, आजु CM आ 2 गो डिप्टी सीएम लिहें शपथ

09:21 AM Dec 05, 2024 IST | Minee Upadhyay
आजु CM आ 2 गो डिप्टी सीएम लिहें शपथ
Advertisement

महाराष्ट्र के बहुत जल्दी आपन सीएम अवुरी डिप्टी सीएम मिले वाला बा।  सूत्रन के हवाला से ई खबर सामने आइल बा कि आजु सीएम आ दू गो डिप्टी सीएम महाराष्ट्र में शपथ लीहें. हालांकि गृह मंत्रालय भाजपा के संगे रही। तीनों दल में मंत्रालय के बंटवारा हो गईल बा। अब देखे के बा कि सरकार में के मंत्री बनता?

Advertisement

बुध के दिने का भइल?

बियफ़ें के महाराष्ट्र में सरकार बनावल जाई। बुध के देवेंद्र फणवीस के भाजपा विधायिका पार्टी के नेता चुने के औपचारिकता भी पूरा हो गईल।  देवेंद्र फडणवीस बियफ़ें के सांझ आजाद मैदान में चालीस हजार लोग के सोझा मुख्यमंत्री के शपथ लीहे।  जबकि अजीत पवार अवुरी एकनाथ शिंदे उपमुख्यमंत्री के शपथ लीहे।

बुध के एकनाथ शिंदे के रुख पूरा तरीका से बदल गईल रहे।  देवेंद्र फडणवीस भी शिंदे के इज्जत के विशेष ध्यान रखले।  शिंदे कहले कि जईसे पिछला बेर देवेंद्र फडणवीस मुख्यमंत्री पद खातीर उनुकर समर्थन कईले रहले, ओसही अबकी बेर उs फडणवीस के समर्थन करतारे।

देवेंद्र फडणवीस कहले कि मुख्यमंत्री चाहे उपमुख्यमंत्री के पद खाली औपचारिकता हs। इs सब तकनीकी मामला हs।  जमीनी हकीकत इs बा कि पहिले भी तीनों नेता एक संगे फैसला लेत रहले।  भविष्य में भी सब लोग मिलजुल के काम करी। बाकिर अजीत पवार आ एकनाथ शिंदे एक दोसरा पs अतना कटाक्ष कईले कि सभे हँसे लागल.

असल में प्रेस कांफ्रेंस में तीनों देवेंद्र फडणवीस, एकनाथ शिंदे अवुरी अजीत पवार बईठल रहले। जब प्रेस कांफ्रेंस चलत रहे तs अजीत पवार कहले कि आप लोग के शिंदे के फैसला के इंतजार करे के चाही, बाकिर हम काल्ह शपथ लेवे वाला बानी।  हम रुके वाला नइखीं।  एह पर शिंदे व्यंग्यात्मक अंदाज में कहले कि, 'दादा के सबेरे अवुरी सांझ दुनों शपथ लेवे के अनुभव बा।'  एकरा बाद उहाँ मौजूद सब लोग हँसे लागल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

Tags :
Assembly ElectionAssembly Election 2024MaharashtraMaharashtra Assembly Election 2024maharashtra election
Advertisement
Next Article