For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

'NCP नेता संगे बइठके उल्टी आवेला', शिवसेना नेता के बयान पs मचल बवाल; का महाराष्ट्र सरकार में सब ठीक नइखे?

12:48 PM Aug 30, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
 ncp नेता संगे बइठके उल्टी आवेला   शिवसेना नेता के बयान पs मचल बवाल  का महाराष्ट्र सरकार में सब ठीक नइखे
Advertisement

महाराष्ट्र के राजनीति में एक बेर फेर बवाल मचल बा। शिंदे सरकार के नेता आपसे भिड़ते नजर आ रहल बा लो। दरअसल, शिवसेना के मंत्री तानाजी सावंत अजित पवार गुट के नेता पs अइसन बयान देले जवना से दुनो दलन में तल्खी आउर बढ़ जाई। तानाजी के बयान इहो दिखा रहल बा कि महाराष्ट्र सरकार में सब कुछ सही नइखे।

Advertisement

एनसीपी नेता लोगन के संगे बइठ के उल्टी आवेला 

तानाजी सुक के कहले कि ऊ कैबिनेट मीटिंग में अपना एनसीपी साथियन के बगल में बइठे हैं, बाकिर बाहर अइला के बाद उनका उल्टी जइसन महसूस होला, जवना पs अजित पवार के नेतृत्व वाली पार्टी तीख प्रतिक्रिया व्यक्त कइले बिया।

हमारी में ना पटेला- शिंदे गुट के नेता कइलें साफ

महाराष्ट्र के स्वास्थ्य मंत्री सावंत बियफे के एगो कार्यक्रम में बोलत कहलें कि ऊ कट्टर शिव सैनिक हवे आ राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी (एनसीपी) के नेता लोगन के संगे उनकर कबो ना पटल। सावंत कहलें, "भलही हमनी कैबिनेट में एक-दूसरा के बगल में बइठतही, बाकिर बाहर अइला के बाद हमरा उल्टी जइसन महसूस होला।"

गठबंधन में दिख रहल रार

बता दीं कि महाराष्ट्र में भाजपा, मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे के नेतृत्व वाली शिवसेना आ अजित पवार के एनसीपी राज्य में सत्तारूढ़ महायुति गठबंधन में साझेदार बिया। एनसीपी प्रवक्ता आ विधान परिषद सदस्य (एमएलसी) अमोल मिटकरी सावंत एह टिप्पणी के निंदा कइले आ पूछले कि का गठबंधन के बरकरार रखल खाली उनकरे पार्टी के जिम्मेदारी मिलल।

मुख्यमंत्री अपना बेचैनी के इलाज कs सकत बाड़ें 

एनसीपी नेता कहलें कि सावंत पहिलही अइसन टिपण्णी कइलें, जवना से एनसीपी के ठेस पहुंचल बा। मितकरी कहलें, "हमनी के खाली गठबंधन धर्म निभावे खातिर चुप बा।" एनसीपी नेता कहलें कि खाली मुख्यमंत्री अपना बेचैनी के इलाज कs सकत बा।

साभार: दैनिक जागरण

Tags :
Advertisement