For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

भिवंडी में गणपति विसर्जन के दौरान भगवान गणेश के मूर्ति पs पथराव

09:33 AM Sep 18, 2024 IST | Minee Upadhyay
भिवंडी में गणपति विसर्जन के दौरान भगवान गणेश के मूर्ति पs पथराव
Advertisement

Advertisement

महाराष्ट्र के ठाणे जिला के भिवंडी में गणपति विसर्जन खातिर भगवान गणेश के मूर्ति ले जाए के दौरान हंगामा मचल बा। इs खबर फैल गईल कि हिंदुस्तानी मस्जिद के नजदीक मूर्ति पs कुछ लईका पथराव कईले, जवना के बाद भीड़ भड़क गईल अवुरी दुनो समूह के बीच झड़प हो गईल। स्थिति के काबू में राखे खातिर पुलिस के हल्का लाठी चार्ज के सहारा लेवे के पड़ल। पुलिस एs मामला में कुछ लोग के भी हिरासत में लेले बिया।

मिलल जानकारी के मुताबिक काल्ह महाराष्ट्र के ठाणे जिला के भिवंडी में गणपति विसर्जन के कार्यक्रम रहे। हर साल के तरह एह सालो मोहल्ला समिति आ पुलिस वंजारपट्टी नाका में हिंदुस्तानी मस्जिद के बहरी मंडप बना के गणेश मंडल के स्वागत करत रहुवे.

देर रात करीब बारह बजे भगवान गणेश के घुंघट नगर से कामवारी नदी में विसर्जन खातिर ले जाइल जात रहे। जब गणेश जी के मूर्ति वंजारपट्टी नाका से गुजरत रहे तs खबर आईल कि हिंदुस्तानी मस्जिद के लगे कुछ लईका मूर्ति पs पत्थरबाजी कईले। इहो बतावल गइल कि एह घटना के चलते मूर्ति टूट गइल बा. हालांकि पुलिस एकर जांच करतिया।

मौका पs डीसीपी श्रीकांत परोपकारी, एडिशनल कमिश्नर ज्ञानेश्वर चव्हाण बतवले कि कुछ लोग के हिरासत में लिहल गईल बा। मामला दर्ज कईला के बाद जांच कईल जाता। जे दोषी होई ओकरा खिलाफ कड़ा कार्रवाई होई।

Tags :
Advertisement