टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सोनपुर मेला में आज मैथिली ठाकुर के प्रस्तुति, लोगन से कार्यक्रम में पहुंचे के अपील

10:48 AM Nov 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

छपरा के हरिहर क्षेत्र में आयोजित प्रसिद्ध सोनपुर मेला में आज सांझ भोजपुरी आ मैथिली के लोकप्रिय गायिका मैथिली ठाकुर अपना प्रस्तुतियन से श्रोता लोगन के मंत्रमुग्ध करिहें। पर्यटन विभाग के ओर से तइयार मुख्य पंडाल में उनका भजनन आ गीतन के सुने खातिर बड़ भीड़ उमड़े के उम्मेद बा।

Advertisement

पिछलका बरिस में मैथिली ठाकुर अपना बेहतरीन प्रस्तुति से श्रोता लोगन के दिल जीतले रहली। ऊ देवी भगवती के स्तुति से सुरुआत कइले रहली आ महिषासुर मर्दिनी स्त्रोत, शिव तांडव आ रामायण के भजन प्रस्तुत कइले रहली। एकरा अलावे "दमादम मस्त कलंदर," "छाप तिलक स छीनी रे," आ "मेरे रस्मे कमर" जइसन लोकप्रिय गीतन से माहौल के संगीतमय बना देले रहली। लाखन लोगन के भीड़ उनका प्रस्तुति के आनंद लेले रहे।

सोनपुर मेला, जे धार्मिक आ सांस्कृतिक आयोजन खातिर प्रसिद्ध बा, में पर्यटन विभाग रोज अलग-अलग कलाकारन के ओर से रंगारंग कार्यक्रम आयोजित कs रहल बा। मेला उद्घाटन के बाद से इहां के रौनक लगातार बढ़ रहल बा। देस-बिदेस से आइल पर्यटक मेला के आनंद ले रहल बा लो। आज मैथिली ठाकुर के प्रस्तुति के लेके श्रोता लोगन में जबरदस्त उत्साह बा, आ बड़ संख्या में लोग उनकर सुरीली आवाज के आनंद लेवे खातिर पहुंची लो।

Tags :
Bhojpuri NewsMaithili ThakurMaithli Thakur PerformanceSonpur Mela
Advertisement
Next Article