For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बुदेलखंड गौरव महोत्सव में बड़ हादसा, आतिशबाजी के बीच विस्फोट, 4 लोगन के मौत

10:36 AM Feb 15, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बुदेलखंड गौरव महोत्सव में बड़ हादसा  आतिशबाजी के बीच विस्फोट  4 लोगन के मौत
Advertisement

चित्रकूट। जनपद में बुंदेलखंड गौरव महोत्सव कार्यक्रम में बुध के एगो बड़ हादसा हो गइल। जेमे आतिशबाजी के दौरान विस्फोट होखे के वजह से चार लोगन के मौत हो गइल बा। एमे से दु के मौत तs मवके पs हो गइल रहे। एह हादसा में दुगो आउर घायलन के इलाज kखातिर जिला अस्पताल में भरती करावल गइल रहे।  डॉक्टर उनकर हालत देखके प्रयागराज खातिर रेफर कs दिहल गइल रहे। एह बीच सूत्रन के दावा बा कि हादसा में कुल चार लोगन  के मौत हो गइल बा। मामला शहर कोतवाली क्षेत्र के चित्रकूट इंटर कॉलेज परिसर के हs जहां पर्यटन विभाग कावर बुंदेलखंड गौरव महोत्सव कार्यक्रम आयोजित कइल गइल रहे।

Advertisement

एमे बुध के दुपहरिया 3:00 बजे आतिशबाजी के कार्यक्रम आयोजित रहे। जेमे इलेक्ट्रॉनिक उपकरणन के माध्यम से आतिशबाजी कइल जाये के रहे। जइसही आतिशबाजी के सुरुआत कइल गइल, ओइसही एगो बड़ विस्फोट हो गइल। एमे चार लोग चपेट में आ गइल। जेमे चार लोगन के मौत हो गइल। विस्फोट एतना भयंकर रहे कि एगो शव दु खंड के बिल्डिंग के ऊपर जा कर के गिरल बा।

ना रहे सुरक्षा के इंतजाम, हादसा के बाद जांच कs रहल बा प्रशासन

जिलाधिकारी अभिषेक आनंद आ पुलिस अधीक्षक अरुण कुमार सिंह मवका पs भारी फोर्स के संगे पहुंचलें। घायलन के आनन- फानन में जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल। डीआईजी अजय कुमार सिंह घटना स्थल पs पहुंचलें। फिलहाल घटना के बाद से अधिकारी ममिला के जांच करे पs जुटल बा लो। बतावल जा रहल बा कि जहवां ई आतिशबाजी भइल, उहवां प्रशासन कवनो तरे के सुरक्षा उपकरणन के इंतजाम ना कइल गइल रहे आ ना कवनो अग्नि शमन यंत्र लगावल गइल रहे। एकरा वजह से आज एगो ई बड़ हादसा हो गइल।

लापरवाह अधिकारियन पs होखे मुकदमा

बांदा चित्रकूट के पूर्व सांसद भैरव प्रसाद मिश्र प्रशासन पs लापरवाही के आरोप लगावत पर्यटन अधिकारी सहित लापरवाही अधिकारियन के खिलाफ मुकदमा दर्ज कइल जाये के चाहीं। इहां पs आतिशबाजी के कवनो औचित्ये ना रहे। बुंदेलखंड के संस्कृति देखावे के चाहत रहे, बाकिर पइसन के गलत उपयोग कs के अधिकारी अइसन कार्यक्रम आयोजित करत रहे लो। जवना से ई बड़ हादसा हो गइल बा।

सइयन लोग रहे मवजूद, छह थानन के फोर्स के तैनाती कइल गइल

बुंदेलखंड गौरव महोत्सव कार्यक्रम में सइयन के तादाद में लोग कार्यक्रम स्थल पs पहुंचल रहे लो। काहेकि इहां पs सांस्कृतिक कार्यक्रम, आतिशबाजी आ हॉट एयर बैलून के कार्यक्रम आयोजित रहे। घटना के बाद से प्रशासन में हड़कंप मचल बा। ओहिजा, एह ममिला में जिलाधिकारी अभिषेक आनंद के कहनाम कि घटना स्थल पs छह थानन के फोर्स लगावल गइल बा। घटना के कारणन के पता करावल जा रहल बा।

Tags :
Advertisement