टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gujarat: पोरबंदर एयरपोर्ट पs बड़ हादसा, तटरक्षक बल के हेलीकॉप्टर क्रैश, क्रू के तीन सदस्यन के मौत

02:36 PM Jan 05, 2025 IST | Anurag Ranjan
Advertisement

गुजरात के पोरबंदर एयरपोर्ट पs बड़ा हादसा भइल बा। दरअसल उहां तटरक्षक बल के एगो हेलीकॉप्टर क्रैश हो गइल। एह हादसा में तीन लोगन के मौत भइल बा। भारतीय तटरक्षक बल के हेलीकॉप्टर एएलएच (एडवांस्ड लाइट हेलीकॉप्टर) ध्रुव रुटीन उड़ान पs रहे, जवना दौरान उ हादसा के शिकार हो गइल। हादसा में क्रू के सदस्यन सहित तीन लोगन के मौत हो गइल। क्रू के सदस्यन के जरला के हालत में अस्पताल में भरती करावल गइल रहे, बाकिर इलाज के दौरान ओह लोगन के मौत हो गइल।

Advertisement

नियमित उड़ान पs रहे हेलीकॉप्टर

मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार, तटरक्षक बल के हेलीकॉप्टर पोरबंदर हेलीकॉप्टर पs अतवार के दुपहरिया करीब 12 बजे हादसा के शिकार भइल। हेलीकॉप्टर नियमित उड़ान पs रहे आ हादसा हेलीकॉप्टर के लैंडिंग के बेरा भइल। लैंडिंग के दौरान हेलीकॉप्टर में आग लग गइल। हेलीकॉप्टर में दुगो पायलट सहित कुल तीन लोग रहे। एह दुर्घटना में तीनो के मौत हो गइल।

कइयन बेर हादसन के शिकार हो चुकल बा ध्रुव हेलीकॉप्टर

गौर करे वाला बात बा कि बीतल सितंबर में भारतीय तटरक्षक बल के ध्रुव हेलीकॉप्टर अरब सागर में हादसा के शिकार भइल रहे। ओह हादसा में क्रू के तीन सदस्य लापता हो गइल रहे। क्रू के एगो सदस्य के बचा लिहल गइले रहे। एकरा पहिले मार्च में नौसेना के ध्रुव हेलीकॉप्टर के अरब सागर में आपात लैंडिंग करे के पड़ल रहे।

ध्रुव हेलीकॉप्टर के हिंदुस्तान एयरोनॉटिक्स लिमिटेड बनवले रहे था। कइयन साल के परीक्षण उड़ानन के बाद साल 2002 में एकरा के भारतीय वायुसेना में सामिल कइल गइल रहे। एह हेलीकॉप्टर में दुगो पायलट समेत 12 लोग बइठ सकत बा। ई सैन्य आ नागरिक दुनो उद्देश्यन खातिर इस्तेमाल कइल जा सकत बा। ध्रुव हेलीकॉप्टर के एंटी टैंक गाइडेड मिसाइल्स से लैस कइल जा सकत बा। संगही एकरा से हवा से हवा में मार करे वाली मिसाइलन के दागल जा सकत बा। ध्रुव हेलीकॉप्टर के एकरा कैटेगरी के बेहतरीन हेलीकॉप्टर मानल जाला।

Read Also: Lucknow News: बेटी के कोचिंग छोड़के लवटत वरिष्ठ पत्रकार के पत्नी कार सहित लापता, जांच में जुटल पुलिस

Tags :
3 DiedBhojpuri NewsCrash at LandingDhruv HelicoptersGujratGujrat BreakingHelicopter CrashPorbandar Airport
Advertisement
Next Article