For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

जम्मू-कश्मीर में बड़ हादसा, यात्री कैब के खाई में गिरले से 10 लोगन के मउत के खबर

09:03 AM Mar 29, 2024 IST | Minee Upadhyay
जम्मू कश्मीर में बड़ हादसा  यात्री कैब के खाई में गिरले से 10 लोगन के मउत के खबर
Advertisement

जम्मू कश्मीर से बड़ हादसा के खबर सामने आ रहल बा। जानकारी के मुताबिक जम्मू से श्रीनगर जात एगो पैसेंजर कैब के रामबन इलाका में दुर्घटना हो गईल। रामबन इलाका के बैटरी चश्मा के लगे जम्मू श्रीनगर राष्ट्रीय राजमार्ग पs कैब गहिरा खाई में गिर गइल। पुलिस, एसडीआरएफ अवुरी सिविल क्यूआरटी रामबन मउका पs पहुंचल लेकिन इलाका में गहिराह खाई, अन्हार अवुरी बरखा के चलते बचाव अभियान शुरू करे में परेशानी होखता।

Advertisement

10 लोगन के मउत के आशंका

रामबन इलाका में भईल एs बड़ दुर्घटना में कैब में सवार बहुत यात्री के मउत के आशंका बा। अगर रिपोर्ट पs विश्वास कइल जाव तs जम्मू-श्रीनगर राष्ट्रीय राजमार्ग पs रामबन जिला के बैटरी चश्मा इलाका में दुर्घटना स्थल से दस गो शव बरामद होखे के खबर बा।

Tags :
Advertisement