टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मलाड में बड हादसा, 20 वां मंजिल के स्लैब के कुछ हिस्सा ढहल, 3 लोग के मउत 3 गो घायल

10:33 AM Sep 06, 2024 IST | Minee Upadhyay
मलाड में बड हादसा: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

महाराष्ट्र के मलाड में दिल दहला देवे वाला घटना देखल गईल बा। असल में इहाँ के निर्माणाधीन भवन के गिरला से तीन लोग के मउत हो गईल अवुरी 3 लोग घाही हो गईले। नगर निगम के अधिकारी बतवले कि 23 मंजिला भवन के 20वां मंजिल के स्लैब के एगो हिस्सा गिर गईल। एकरा चलते तीन जने के मउत हो गईल अवुरी तीन जने घाही हो गईले। जानकारी के मुताबिक इs घटना मलाड (पूर्व) के गोविंद नगर इलाका में रात के करीब 12.10 बजे भईल। एs घटना के जानकारी मिलला के बाद फायर ब्रिगेड के टीम मौका पs पहुंचल अवुरी बचाव अभियान शुरू कs देलस।

बता दीं कि मलबा के नीचे दबल मजदूरन के बाहर निकाल के एमडब्ल्यू देसाई अस्पताल ले जाइल गइल. एहमें से दू जने के आईसीयू में भर्ती करावल गइल बा. जानकारी के मुताबिक मरेवाला लोग में गोपाल बनिका मोदी, सोहन जचिल रोथा, विनोद केशव सदर शामिल बाड़े। घाही में रहीम शेख, रूपसन भद्र ममिन अवुरी मोहम्मद सलामुद्दीन शेख शामिल बाड़े। एs तीनों के इलाज अस्पताल में चलता। बता दीं कि एहसे पहिले जुलाई महीना में मुंबई में अइसने एगो घटना देखल गइल रहे. दरअसल, नवी मुंबई के शाहबाज गांव में बनल एगो ग्राउंड प्लस तीन मंजिला इमारत भारी बरखा के बाद अचानक गिर गईल। एह भवन में कुल 24 परिवार रहत रहले।

 

 

Tags :
Building Collapsemaharashtra newsMaladmumbai
Advertisement
Next Article