टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पटना के महावीर मंदिर में टलल बड़ हादसा : आरती के दौरान लागल आग, समय रहते बुझावल गइल; गर्भगृह में मवजूद रहलें 200 से जादे श्रद्धालु

01:35 PM Apr 17, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

देसभर में रामनवमी बहुते धूमधाम से मनावल जा रहल बा। एकरा के लेके पटना के हनुमान मंदिर में भव्य तइयारी कइल गइल बा। पटना जंक्शन इस्थित महावीर मंदिर में सबेरही से भक्तन के तांता लागल बा। सबेरे 2:15 बजे से मंदिर के पट खुलल बा। तीन किलोमीटर तक दर्शन खातिर लोगन के लाइन लागल बा। भगवा झंडा आ जय श्रीराम ध्वज से पटना के बाजार पटल बा।

Advertisement

महावीर मंदिर में दुपहर के आरती के बेरा एगो बड़ हादसा होखला से टल गइल। इहां आरती के दौरान गर्भ गृह के बाहर लागल फूलन के सजावट में आग लाग गइल। हालांकि, समय रहत एकरा पs काबू पा लिहल गइल। एह दौरान मंदिर में दुसौ से जादे लोग मवजूद रहे।

पटना के महावीर मंदिर में श्रद्धालुअन खातिर गुड़, चना आ ठंडा पानी के बेवस्था कइल गइल बा। मंदिर परिसर के अलावा भक्तन के सुविधा खातिर नैवेद्यम के 14 काउंटर लगावल गइल बा। भक्तन के प्रसाद जल्दी चढ़े, एकरा खातिर अयोध्या से आठ पुजारी बोलावल गइल बा लो।

सीवान में रामनवमी पs शोभायात्रा निकालल गइल। शोभायात्रा के दौरान जुवा लोग पताका लहरावल। एह दौरान पूर्व सांसद शहाबुद्दीन के पत्नी हिना शहाब शोभायात्रा में सामिल श्रद्धालुअन के पानी आ जूस बंटलें।

​​​​​​​किशनगंज में महिला लोग बुलेट पs भगवा पगड़ी पहिनके शोभायात्रा निकालल लो। गया में भारी सुरक्षा के बीच शोभायात्रा निकाले के तइयारी कइल जा रहल बा।

राज्यपाल आ सीएम होई लो सामिल

पटना में 54 पूजा समितियन के ओर से शोभायात्रा निकालल जाई। ई शोभा यात्रा अलग-अलग गली-मोहल्ला से होत डाक बंगला चौराहा तक पहुंची।

कार्यक्रम में राज्यपाल राजेंद्र विश्वनाथ आर्लेकर, सीएम नीतीश कुमार, बीजेपी सांसद रवि शंकर प्रसाद, रामकृपाल यादव, बीजेपी के प्रदेश अध्यक्ष सह डिप्टी सीएम सम्राट चौधरी, विजय सिन्हा, मंत्री विजय चौधरी, अशोक चौधरी समेत प्रदेश भाजपा के कइयन गो नेता सामिल होई लो।

Tags :
Bhojpuri Newsextinguished in time; More than 200 devotees were present in the sanctum sanctorumMahavir MandirMajor accident in Patna's Mahavir Temple: Fire broke out during AartiPatna News
Advertisement
Next Article