For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सासाराम फोरलेन पऽ बड़ हादसा, ट्रक में बस मरलस टक्कर; 3 के मौत आ 15 घायल

09:36 AM Sep 30, 2024 IST | Sonu Kishor
सासाराम फोरलेन पऽ बड़ हादसा  ट्रक में बस मरलस टक्कर  3 के मौत आ 15 घायल
सासाराम फोरलेन पऽ बड़ हादसा।
Advertisement

बिहार के सासाराम में सोमार के सबेरे एगो बड़ हादसा हो गइल। चेनारी थाना क्षेत्र के सबराबाद में सोमार के सबेरे एगो बस फोर लेन पs खड़ा ट्रक से टकरा गइल जवना से तीन लोग के मौत हो गइल आ 15 लोग घायल हो गइले जवना में आठ गो मेहरारू शामिल बाड़ी। मरेवाला युवक राजस्थान के जलावड़ जिला के रहेवाला हउवें आ पिंड दान करे खातिर गया जात रहले।

Advertisement

बिहार के सासाराम से एगो बड़ खबर सामने आइल बा। सासाराम फोर लेन पs खड़ा ट्रक से एगो बस टक्कर मार दिहलस। एमें तीन जने के मौत हो गइल बा। एकरा संगे-संगे आठ महिला समेत 15 जने के घायल होखे के खबर बा।

इ घटना सोमवार के सबेरे चेनारी थाना क्षेत्र के सबराबाद में भइल।  मरेवाला गोवर्धन सिंह, बाला सिंह अवुरी राजेन्द्र सिंह राजस्थान के जलावड़ जिला के निवासी बतावल जाता। राजस्थान से पिंड दान करे खातिर गया जात रहले।

Tags :
Advertisement