टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मलयालम सिनेमा के दिग्गज एमटी वासुदेवन नायर के निधन

08:11 AM Dec 26, 2024 IST | Minee Upadhyay
एमटी वासुदेवन नायर के निधन
Advertisement

मलयालम के लेखक आ पटकथा लेखक एमटी वासुदेवन नायर के 91 बरीस के उमिर में निधन हो गइल. मलयालम के भावुक गीतन के राजा एमटी वासुदेवन नायर के बुध के दिने कोझिकोड में निधन हो गइल. लेखक पिछला एगारह दिन से अस्पताल में भरती रहले. उनुका के दिल के दौरा पड़ल अवुरी तुरंत अस्पताल पहुंचावल गईल। दिवंगत लेखक बुध के दिने वेंटिलेटर सपोर्ट पs आपन आखिरी साँस लिहलन. ‘नालुकेट', 'रंदामूझम', 'वाराणसी' आ ‘'स्पिरिट ऑफ डार्कनेस’ जइसन रचना उनकर साहित्य जगत में महत्वपूर्ण स्थान अर्जित कइलस।।

Advertisement

केरल सरकार शोक के कइलस एलान

केरल सरकार मलयालम साहित्यकार एमटी वासुदेवन नायर के निधन पs 26 आ 27 दिसंबर के आधिकारिक शोक घोषित कs दिहले बिया. मुख्यमंत्री पिनाराई विजयन सम्मान के निशानी के तौर पs 26 दिसंबर के होखेवाला मंत्रिमंडल के बैठक समेत सभ सरकारी कार्यक्रम के स्थगित करे के निर्देश देले बाड़े। ई जानकारी सीएमओ से जारी कइल गइल बा. 

मलयालम फिल्म इंडस्ट्री में उनकर योगदान
मलयालम सिनेमा में भी एमटी वासुदेवन नायर के योगदान रहे। ‘निर्मल्यम', 'पेरुंतचन', 'रंदामूझम’ आ ‘अमृतम गमया’ समेत कई गो लोकप्रिय फिलिमन के पटकथा लिखले बाड़न. एकरा अलावे उनुका के देश भर से बहुत पुरस्कार मिलल बा, जवना में 1996 में ज्ञानपीठ अवुरी 2005 में पद्म भूषण जईसन सम्मान शामिल बा।

बेहतरीन फिलिमन के रहले निर्माता 

मलयालम आ बंगाल के साहित्य आ सिनेमा के प्रति प्रेम हमेशा से मशहूर रहल बा, जहाँ लोग अपना लेखक आ फिल्मकारन के बहुते आदर करेला. मलयालम साहित्य आ सिनेमा के अइसने एगो व्यक्तित्व हउवें एम.टी.वासुदेवन नायर, जेकरा के अपना प्रशंसक प्यार से बस एमटी कहेलें. एक साथ कहानीकार, पटकथा लेखक, अभिनेता आ निर्देशक रहल बाड़न. उनकर फिलिम मलयालम सिनेमा के परंपरा के आगे बढ़ावत रहे आ नया-नया परम्परा के प्रयोग करत रहे। सिनेमा-लेखक व्यक्तित्व उनका के साहित्य जगत में ना बलुक फिलिम जगत में भी महत्वपूर्ण स्थान दिहलस।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

Tags :
deathentertainment news in BhojpuriKerelaMalayalam CinemaMalayalam cinema veteran MT Vasudevan NairMalayalam writer and screenwriter MT Vasudevan NairPinarayi VijayanVasudevan Nair diesveteran actor MT Vasudevan Nair
Advertisement
Next Article