टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मंच पर भाषण देत घरी बिगड़ल कांग्रेस अध्यक्ष खरगे के तबीयत

03:08 PM Sep 29, 2024 IST | Sonu Kishor
Mallikarjun Kharge - फोटो
Advertisement

जम्मू-कश्मीर में चुनाव प्रचार के अंतिम दिन कठुआ में जनसभा के संबोधित करत कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खर्गे अचानक मंच प बेमार पड़ गइले। जसरोटा में जनसभा के संबोधित करत घरी अचानक मंच प उनकर स्वास्थ्य बिगड़ गइल।

Advertisement

मंच पर भाषण देत घरी कांग्रेस अध्यक्ष खरगे के चक्कर आ गइल आ उऽ बेहोश होखे लगलन। हालांकि मंच पs मौजूद उनकर सुरक्षाकर्मी आ कांग्रेस के बाकी नेता समय रहते उनका के संभाल लेले। एह दौरान कुछ देर खातिर भाषण बंद हो गइल।

हालांकि कुछ समय बाद कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे फेर कहले कि, "हमनी के राज्य के बहाल करे खातिर लड़ाई लड़ब। हमार उमर 83 साल बा, हम एतना जल्दी मरे वाला नइखी। जब तक पीएम मोदी सत्ता से बाहर ना हो जइहें, तब तक हम जिंदा रहब।

मल्लिकार्जुन खरगे कहले कि इ लोग (केंद्र सरकार) कबहूँ चुनाव ना कइल चाहत रहे। अगर चाहत रहले तऽ एक-दू साल में चुनाव करा सकत रहले। सुप्रीम कोर्ट के आदेश के बाद चुनाव खाती तैयार हो गइले। प्रधानमंत्री मोदी पछिला 10 साल में भारत के युवा के कुछूओ ना देले।

खरगे के पीएम मोदी पर हमला

भाजपा अउरी पीएम मोदी के निशाना बनावत खरगे कहले कि प्रधानमंत्री इहाँ आके युवा के भविष्य खातिर झूठा लोर बहावतारे। साँच त ई बा कि ई लोग पिछला दस साल में पूरा देश के नवहन के अन्हरिया में धकेल दिहले बा। एकरा खातिर खुद पीएम मोदी जिम्मेदार बाड़े।

Tags :
BIHAR poltics NewsCongressMallikaarjun khadgeMallikarjun Congress
Advertisement
Next Article