For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

रांची में केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के पीछा करत रहे युवक, पुलिस कइलस अरेस्ट

07:05 PM Jul 20, 2024 IST | Minee Upadhyay
रांची में केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के पीछा करत रहे युवक  पुलिस कइलस अरेस्ट
Advertisement

झारखंड के राजधानी रांची में केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह के काफिला के पीछा करत एगो आदमी के पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया. डीएसपी हटिया प्रमोद कुमार मिश्रा बतवले कि आरोपी गृहमंत्री के काफिला में ना घुसल रहले। हालांकि उs तेजी से गाड़ी चलावत अमित शाह के काफिला के पीछा करत रहले। एही से हम ओकरा के गिरफ्तार कs लेले बानी।

Advertisement

शराब पियले रहे आरोपी

डीएसपी प्रमोद कुमार मिश्र बतवले कि आरोपी नशा में धुत्त रहे। उनुका लगे से कवनो हथियार बरामद ना भईल। उs तेज गाड़ी चला के काफिला के पीछा करत रहले। मीडिया के सोझा पेश आरोपी के कहनाम बा कि उs नाश्ता करे जात रहले। हालांकि उs कबूल कईले कि उs नशा में धुत्त रहले।

Tags :
Advertisement