टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Manan Kumar Mishra: के हऽ बिहार के मनन मिश्रा? BJP बनवलस राज्यसभा कैंडिडेट; 7 बेर BCI चेयरमैन बने के रिकॉर्ड

10:37 AM Aug 21, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

मनन कुमार मिश्रा के आपन राज्यसभा उम्मीदवार बना के भाजपा बिहार में बड़ दांव लगा देले बिया। मनन कुमार मिश्रा न्यायपालिका में एगो जानल मानल चेहरा हउवें। उनका लगे 7 बेर बीसीआई के चेयरमैन बने के रिकार्ड बा। मनन कुमार मिश्रा बिहार के गोपालगंज जिला के निवासी हउवें। प्रतिभा के मामला में उ बहुत लोग के पीछे छोड़ देले बाड़े। भाजपा उपेंद्र कुशवाहा के भी आपन राज्यसभा उम्मीदवार बनवले बिया।

Advertisement

भाजपा राज्यसभा उपचुनाव में मनन कुमार मिश्रा के टिकट देके बड़ दांव खेलले बिया। मनन कुमार मिश्रा देश के जानल मानल चेहरा हउवें। प्रतिभा के मामला में उऽ बहुत नेता के हरा देले। न्यायपालिका के क्षेत्र में उनकर बहुत बड़ उपलब्धि बा। बता दीं कि उपेंद्र कुशवाहा के नाम राज्यसभा के एक सीट खातिर एनडीए के ओर से पहिलही घोषणा हो चुकल बा।

मनन कुमार मिश्रा मूल रूप से गोपालगंज के रहे वाला हउवें

बता दीं कि मनन कुमार मिश्रा मूल रूप से बिहार के गोपालगंज जिला के कुचायकोट प्रखंड के तिवारी खरेया गाँव के रहे वाला हउवें। उनकर प्राथमिक शिक्षा गोपालगंज जिले में भइल रहे। अप्रैल 2012 में पहिला बेर बीसीआई के अध्यक्ष चुनल गइलन आ एकरा बाद अबले जीत के सिलसिला जारी बा।

मनन कुमार मिश्रा के नांवे बड़ रिकार्ड  

राज्यसभा उपचुनाव में बिहार से भाजपा के उम्मीदवार बनावल मनन कुमार मिश्रा के सात बेर भारतीय परिषद (बीसीआई) के अध्यक्ष चुने के रिकार्ड बा। फिलहाल उऽ बीसीआई के अध्यक्षो बाड़े। सुप्रीम कोर्ट में कानून के प्रैक्टिस करेले। मिश्रा अप्रैल 2012 में पहिला बेर बीसीआई के अध्यक्ष चुनल गइल रहले। तब से उऽ लगातार चुनाव जीतत रहलें। फिलहाल उनकर सातवां कार्यकाल चलता।

मनन कुमार मिश्र 1980 में पटना लॉ कॉलेज से लॉ के डिग्री लेले रहले।

मनन कुमार मिश्रा 1980 में पटना लॉ कॉलेज से लॉ के डिग्री लेले आ गोपालगंज सिविल कोर्ट में कानून के प्रैक्टिस करे लगले। उऽ अपना बैच के टॉपर आ स्वर्ण पदक विजेता रहल बाड़न। गोपालगंज में एक साल तक वकील के प्रैक्टिस कईला के बाद 1982 में पटना हाईकोर्ट में प्रैक्टिस शुरू कइले।

1989 में पहिला बेर बिहार राज्य बार काउंसिल के सदस्य बनले। एही बीच 2007 में उनका के सीनियर एडवोकेट बनावल गइल। 2010 में पहिला बेर बीसीआई में राज्य बार काउंसिल के प्रतिनिधि चुनल गइले। उऽ भाजपा में शामिल भइला के बाद पार्टी खातिर काम करत आइल बाड़े।

बिहार राज्य बार काउंसिल के अध्यक्ष रमाकांत शर्मा के संगे देश भर के अधिवक्ता लोग उनका के भाजपा के राज्यसभा उम्मीदवार बनावे पs बधाई देले बाड़े।

Tags :
Bihar BJPBihar BJP Candidate Listbihar polticsBihar RajysabhaBJP GovernmentList of candidates for Rajysabha ElectionManan kumar Mishra
Advertisement
Next Article