टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

WPL Final : मंधाना बैंगलोर के टीम के खिताबी सूखा खत्म कइली, रोमांचक फाइनल में दिल्ली के तीन गेना रहते हरवली 

06:00 AM Mar 18, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर (आरसीबी) महिला प्रीमियर लीग (डब्ल्यूपीएल ) के फाइनल मुकाबला में अतवार के दिल्ली कैपिटल्स के आठ विकेट से हराके खिताब अपना नावे कs लेलस। दिल्ली टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करत 18.3 ओवर में 113 रन बनवले रहस। आरसीबी 19.3 ओवर में दु विकेट खोके आसानी से लक्ष्य प्राप्त कs लेलस।

Advertisement

आरसीबी के ई पहिला खिताब हs आ ऊ दिल्ली के ओकरा घर में हरा देले बिया। ई मैच दिल्ली के अरुण जेटली स्टेडियम में खेलल गइल। बैंगलोर के पुरुष टीम कबो आईपीएल के ट्रॉफी नइखे जीतल, बाकिर महिला टीम डब्ल्यूपीएल के दूसरके सीजन में विजेता बनके उभरल। खास बात ई बा कि दिल्ली आ बैंगलोर के बीच अब तक एह लीग में कुल पांच मैच खेलल गइल बा आ बैंगलोर पहिला बेर जीत हासिल कइलस आ उहो फाइनल जइसन मैच में।

बैंगलोर के पारी

114 रन के लक्ष्य के पीछा करत आरसीबी के सोफी डिवाइन आ स्मृति मंधाना निम्मन सुरुआत दिलावल लो आ दुनो बल्लेबाज पहिला विकेट खातिर 49 रन जोड़ल। एह साझेदारी के शिखा पांडे डिवाइन के आउट कs के तुड़ली, जे 32 रन बनवली। एकरा बाद कप्तान मंधाना पारी संभरली, बाकिर उनका के मिन्नू मणि 31 रन के स्कोर पs पवेलियन भेजली। फेर एलिस पैरी आ ऋचा घोष आखिरी ओवर में टीम के जीत दिलावल लो। बैंगलोर के आखिरी ओवर में पांच रन के जरूरत रहे।

अरुंधति रेड्डी गेंदबाजी खातिर अइली, जबकि स्ट्राइक पs ऋचा रहली। पहिला गेना पs ऊ एक रन लेली। ओहिजा, दूसरका गेना पs पेरी एक रन लेली। तीसरका गेना पs ऋचा चउका लगाके अपना टीम के जीत दिलवली। पेरी 35 रन आ ऋचा 17 रन बनाके नाबाद रहली। दिल्ली के ओर से शिखा आ मिन्नू के एक-एक विकेट मिलल।

दिल्ली के पारी

एकरा पहिले आरसीबी श्रेयांका पाटिल आ मोलीन्यूक्स के सानदार गेंदबाजी के दम पs दिल्ली के पारी 18.3 ओवर में 113 रन पs ऑलआउट कs देलस। टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल दिल्ली के शेफाली वर्मा आ कप्तान मेग लैनिंग के सलामी जोड़ी सानदार सुरुआत दिलावल। दुनो बल्लेबाज आक्रामक अंदाज में खेलके आरसीबी के गेंदबाजन पs दबाव बनावल लो, बाकिर आठवां ओवर डाले आइल बायां हाथ के स्पिनर मोलीन्यूक्स एह ओवर में शेफाली, कैप्सी आ जेमिमा के आउट कs के दिल्ली के पारी लड़खड़ा देली।

शेफाली 27 गेना में दु चौका आ तीन छक्का के मदद से 44 रन के पारी खेलली। एकरा बाद श्रेयांका पाटिल दिल्ली के बल्लेबाजन के जमे के मवका ना देली। दिल्ली के बल्लेबाजी एतना खराब रहल कि एक समय बिना कवनो नुकसान के 64 रन बनावे वाला टीम पूरा 20 ओवर तक ना खेल सकल आ 18.3 ओवर में 113 रन पs सिमट गइल।

आरसीबी खातिर श्रेयंका पाटिल चार, मोलीन्यूक्स तीन आ आशा दु विकेट लेली। दिलचस्प बात ई रहल कि नौ विकेट आरसीबी के स्पिनर लिहल लो, जबकि राधा यादव रन आउट भइली। लेनिंग 23 रन, रॉड्रिग्स आ कैप्सी खाता तक ना खोल सकल लो। कैप आठ रन, जोनासेन तीन रन, राधा 12 रन, मिन्नू पांच रन, अरुंधति 10 रन बनाके आउट भइल लो। तानिया खाता तक ना खोल सकली, जबकि शिखा पांच रन बनाके नाबाद रहली।

Tags :
Bhojpuri Newscricket newsDC Vs RCBDelhi CapitalsRCBRCB becomes ChampionRoyal Challengers BangaloreWomen's CricketWomens Premier LeagueWPL Final
Advertisement
Next Article