टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Manipur Bomb Attack: मणिपुर के बिष्णुपुर जिला में बम हमला

09:45 AM Sep 06, 2024 IST | Sonu Kishor
सांकेतिक तस्वीर - फोटो : एएनआई
Advertisement

मणिपुर में शुक के सबेरे फेर संदिग्ध आतंकवादी बम हमला कइले। खबर के मुताबिक मणिपुर के बिष्णुपुर जिला में एगो ताजा बम हमला भइल बा, जवना में कम से कम दु भवन के नुकसान पहुंचल। बतावल जाता कि चुराचंदपुर जिला के नजदीकी पहाड़ी इलाका में ऊँच जगही से रॉकेट फायरिंग भइल। इ इलाका राजधानी इम्फाल से करीब 45 किलोमीटर दूर बा। एह हमला में ट्रोंगलाओबी के निचला आवासीय इलाका के निशाना बनावल गइल।

Advertisement

पुलिस के कहनाम बा कि, रॉकेट के रेंज 3 किलोमीटर से जादे होखे के अनुमान बा। सौभाग्य के बात बा कि एह हमला में कवनो तरह के जानमाल के कवनो खबर नइखे। पुलिस बतवलस कि बम विस्फोट से स्थानीय कम्युनिटी हॉल आ खाली कमरा क्षतिग्रस्त भइल बा। एकरा अलावा संदिग्ध आतंकवादी बिष्णुपुर जिला के ओर कई गो राउंड फायरिंग कइले, जवना के बाद सुरक्षा बल जवाबी कार्रवाई कइलस।

प्रत्यक्षदर्शी बतवले कि गुरुवार के रात ट्रोंगलाओबी से कुछ किलोमीटर दूर कुम्बी गांव में जमीन से 100 मीटर से कम ऊपर कई गो ड्रोन मंडराते देखल गइल। एकरा चलते इलाका में तनाव बढ़ गइल बा।

साभार - अमर उजाला

Tags :
Big breking newsBomb Attack Threatkhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsManipur NewsManipuri violence
Advertisement
Next Article