टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मनोज बाजपेयी के 'गुलमोहर' खातिर चौथा नैशनल अवॉर्ड, बोलले- एकरा से बड़...

11:27 AM Oct 09, 2024 IST | Sonu Kishor
गुलमोहर खातिर मनोज बाजपेयी के अवॉर्ड
Advertisement

8 अक्टूबर के दिल्ली में 70वां राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार समारोह में फिल्म जगत के दिग्गजन के सम्मानित कइल गइल। एह दौरान मनोज बाजपेयी आ शर्मिला टैगोर के फिल्म ‘गुलमोहर’ के राष्ट्रीय पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल। दिल्ली में आयोजित एह प्रतिष्ठित समारोह में राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू विजेता लोग के पुरस्कार देके सम्मानित कइली।

Advertisement

मनोज बाजपेयी राष्ट्रीय पुरस्कार मिलला के बाद खुशी जतवले आ अपना के भाग्यशाली बतवले। कहलन कि हमरा तऽ बढ़िया लागत बा। काहे कि नेशनल अवार्ड जइसन जगहा पऽ आके, अतना छोट फिलिम जवना तरह से आपन मौजूदगी के अहसास करवलस, उऽ हमनी खातिर अपने आप में एगो बड़हन बात बा।

मनोज बाजपेयी कहले- एकरा से जादा खुशी हमनी खातिर कुछूओ ना हो सकत रहे।

उऽ आगे कहले कि, 'शूटिंग के दौरान शर्मिला टैगोर जी हमनी के संगे रहली। उनकर आशीर्वाद हमेशा हमरा साथे रहे। हमरा हमेशा लागल कि गुलमोहर जवना तरह के फिलिम हऽ, उऽ अबहीं ले उऽ दर्जा नइखे हासिल कऽ पवले जवन ओकरा मिले के चाहीं। साथही एगो खुशखबरी मिलत बा कि गुलमोहर के तीन गो राष्ट्रीय पुरस्कार मिलल बा। हमनी खातिर एकरा से बड़ सुख ना हो सकत रहे।

हाल ही में अपना एगो साक्षात्कार में उ कहले रहले कि, 'जब हमरा इ तीनों पुरस्कार मिलल तऽ राष्ट्रीय पुरस्कार के खबर मिलला के बाद हमार प्रतिक्रिया उहे रहे, जइसे कि चउथा बेर बा।' हम हमेशा कहेनी कि जब हम अपना जिनिगी में स्टेज करत रहनी तऽ सोचत रहनी कि एक बेर मिल जाइत तऽ जिनिगी धन्य हो जाई। आ आज भगवान के कृपा से गुलमोहर खातिर चउथा बेर हमरा मिलल बा। हम एह घरी अपना के बहुते भाग्यशाली कलाकार मानत बानी, जेकरा चउथा बेर राष्ट्रीय पुरस्कार मिल रहल बा।

 

Tags :
Film awardsFilm national awardManoj BajpayeeNational Award
Advertisement
Next Article