टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मनु भाकर अब बनिहें क्रिकेटर! सूर्यकुमार यादव से सीख रहल बाड़ी टेक्नीक, खुद कइली खुलासा

12:56 PM Aug 25, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

पेरिस ओलंपिक-2024 में दुगो ब्रॉन्ज मेडल जीते वाली भारत के जुवा निशानेबाज मनु भाकर अब क्रिकेटर बने के मूड में दिख रहल बाड़ी। मनु कइयन गो खेल खेल चुकल बाड़ी आ अब क्रिकेट में हाथ आजमावे के कोसिस कs रहल बाड़ी। ऊ एकरा खातिर सूर्यकुमार यादव से मुलाकात कइली। मनु सोशल मीडिया पs पोस्ट कs के भारत के टी-20 कप्तान से मिले के जानकारी देली आ बतवली कि ऊ मिस्टर 360 डिग्री के नाम से मशहूर एह बल्लेबाज से नया खेल के तकनीकी ज्ञान ले रहल बाड़ी।

Advertisement

मनु एह समय तीन महीना के ब्रेक पs बाड़ी। पेरिस ओलंपिक में इतिहास रचला के बाद ऊ ई फैसला कइले बाड़ी। मनु पेरिस ओलंपिक में 10 मीटर एयर पिस्टल के इंडीविजुअल आ मिक्सड टीम इवेंट में ब्रॉन्ज मेडल जीतले रहस। ऊ एके ओलंपिक में दुगो मेडल जीते वाली भारत के पहिला खिलाड़ी हई।

सूर्यकुमार यादव से मुलाकात

पेरिस से लवटला के बाद मनु ब्रेक पs बाड़ी आ एह समय के भरपूर उपयोग कs रहल बाड़ी। ऊ भारत के टी-20 टीम के कप्तान सूर्यकुमार से मुलाकात कइली आ एकर फोटो एक्स पs पोस्ट कइली। एह फोटो के संगे मनु लिखली "भारत के मिस्टर 360 डिग्री से मिलके नया खेल के तकनीक सीखनी।" एह फोटो में सूर्यकुमार अपना हाथ से बंदूक के पोज बनवले बाड़ें तs ओहिजा मनु बैट पकड़े के।

कइयन गो खेल खेल चुकल बाड़ी मनु

मनु भले निशानेबाज हई, बाकिर एह खेल के अपनावे से पजिले ऊ कइयन गो आउर खेलन में किस्मत अजमवले रहली। मनु निशानेबाजी से पहिले मार्शल आर्ट्स, जूडो, मुक्केबाजी जइसन खेल खेलले बाड़ी। हालांकि, बाद में उनका निशानेबाजी बहुत पसंद आ गइल आ ऊ एह खेल में रम गइली।

Tags :
Bhojpuri NewscricketManu BhakerManu Met SuryaShootingsurya kumar yadav
Advertisement
Next Article