For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

तमिलनाडु के पटाखा फैक्टरी में जोरदार विस्फोट, 8 लोगन के मउत; कई लो घायल

05:16 PM Feb 17, 2024 IST | Minee Upadhyay
तमिलनाडु के पटाखा फैक्टरी में जोरदार विस्फोट  8 लोगन के मउत  कई लो घायल
Advertisement

तमिलनाडु के विरुधुनगर में शनिचर के दिने एगो पटाखा कारखाना में बड़हन विस्फोट हो गइल। अबे ले एs विस्फोट में कम से कम 8 लोग के मउत के खबर बा, जबकि तीन लोग के घाही बतावल जाता। पुलिस एs विस्फोट के बारे में जानकारी देले बिया। पुलिस प्रारंभिक जांच के हवाला देत कहलस कि, मरेवाला लोग में महिला लो भी बाड़ी। पटाखा बनावे वाला एs कारखाना में आग लागे के पीछे के कारन अबे ले पता नईखे चलल। बता दीं कि ई घटना तमिलनाडु के वेम्बकोट्टई थाना के तहत एगो जगह पs भईल बा।

Advertisement

दू जने के मउत हो गइल

चित्रकूट जिला मजिस्ट्रेट अभिषेक आनंद बतवले कि दू दिन के बुंदेलखंड गौरव महोत्सव कार्यक्रम के आयोजन पर्यटन विभाग के ओर से चित्रकूट इंटर कॉलेज के मैदान में कईल गईल। बुध के साँझ आतिशबाजी के कार्यक्रम होखे वाला रहुवे जवना खातिर मंच के पीछे पटाखा राखल रहुवे। उs बतवले कि आतिशबाजी से पहिले दुपहरिया करीब साढ़े तीन बजे पटाखा अचानक फट गईल अवुरी उहाँ काम करेवाला दु लोग के मउका पs मउत हो गईल अवुरी दु लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। दुर्घटना के गहराई से जांच कईल जाता। जे दोषी होई ओकरा खिलाफ कार्रवाई होई।

Tags :
Advertisement