टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बुलंदशहर में शादी से लवटत घरी कार नहर में गिरल, 3 के मउत आ 3 गो लापता

06:51 AM Mar 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

जिला में बारात से लवटत इको कार बरखा के चलते नहर में गिर गइल। एह हादसा में तीन लोग के मउत बतावल जात बा जबकि दू लोग घवाहिल होखे के बात कहल जात बा। एह हादसा में अबहीं ले तीन लोग लापता बा। बतावल जाता कि इs दुर्घटना बरखा के चलते भईल अवुरी गाड़ी नहर में गिर गईल। एह हादसा में अबहियो तीन लोग के लापता होखे के खबर बा। लापता लोग के खोजे खातिर बचाव दल के तैनाती कईल गईल बा। दुर्घटना के समय कार में कुल 8 लोग रहले।

Advertisement

बारिश के चलते कार नहर में गिर गईल

दरअसल अतवार के देर रात जिला के जहांगीरापुर थाना क्षेत्र में स्थित कपना नहर में एगो इको कार गिर गईल। ई हादसा बियाह के रस्म से लवटत घरी भइल। दुर्घटना के जानकारी देत ​​मरेवाला के भाई राहुल बतवले कि शेखपुरा से आठ लोग अलीगढ़ पिसावा बियाह समारोह में लवटत रहले। रास्ता में भी बरखा होत रहे, जवना के चलते गाड़ी नहर में गिर गईल। एs दुर्घटना में तीन लोग के मउत हो गईल, जबकि दु लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। अबहियो तीन लोग के लापता होखे के खबर बा।

लापता लोग के खोज जारी बा

दुर्घटना के जानकारी मिलते डीएम, एसएसपी अवुरी बाकी पुलिस अधिकारी भी मौका पs पहुंचले। पुलिस मामिला के छानबीन करतिया। दूसर ओर ए मामिला में राहत अवुरी बचाव के काम खातीर टीम के तैनात कईल गईल बा। पुलिस लाश के पंचनामा पोस्टमार्टम खातीर भेज देले बिया। दुर्घटना के जानकारी मिलला के बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अधिकारी से मामिला के गंभीरता से लेवे के कहले बाड़े। एकरा संगे मरेवाला के परिवार के लोग के चार-चार लाख रुपिया के मुआवजा के घोषणा कईल गईल बा।

 

 

Tags :
accidentAccident NewsBulandshaharBulandshahar Accident newsUttar Pradesh
Advertisement
Next Article