टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

नवी मुंबई में दर्दनाक हादसा, बहुमंजिला इमारत गिरले से कई लोग मलबा में दब गइले

09:30 AM Jul 27, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

 

शहर के शाहबाज गांव में एगो दर्दनाक हादसा सोझा आईल बा। इहाँ तीन मंजिला इमारत गिर गईल बा। भवन गिरला के बाद बहुत लोग के मलबा के नीचे दफन होखे के आशंका बा। अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक मलबा से दु लोग के जिंदा निकालल गईल बा। फिलहाल एनडीआरएफ, पुलिस, फायर ब्रिगेड अवुरी नगर निगम के अधिकारी मौका पs पहुंचल बाड़े। एकरा संगे राहत अवुरी बचाव के काम तेजी से हो रहल बा। पूरा घटना के सूचना सेक्टर 19, बेलापुर शाहबाज गांव से हो रहल बा।

दुर्घटना सबेरे साढ़े चार बजे भइल

जानकारी देत ​​दमकल विभाग के एगो अधिकारी बतवले कि सबेरे साढ़े चार बजे भवन गिरला के जानकारी मिलल बा। जानकारी मिलला के बाद हमनी के टीम इहाँ पहुंचल, ओकरा बाद देखनी कि दु लोग फंसल बाड़े। सैफ अली आ रुखसर खातून के हम जिंदा निकाल देले बानी। मोहम्मद सिराज नाम के एगो आदमी अबहीं ले लापता बा आ ओकर तलाशी लिहल जा रहल बा. कई गो टीम राहत आ बचाव के काम में लागल बाड़ी सँ.

इs भवन मात्र 10 साल पुरान रहे

एकरा अलावे नवी मुंबई नगर निगम के एगो अधिकारी बतवले कि जब भवन गिरला के जानकारी मिलल तs हमनी के इहाँ पहुंच गईनी। एकरा में तीन गो दोकान आ 13 गो फ्लैट रहे। अबे ले 52 लोग के बाहर निकालल गईल बा। एकरा अलावे दु जने के रेस्क्यू कs के बाहर निकालल गईल। अबे ले फंसल लोग के बचावे के काम हो रहल बा। जे सुरक्षित बाड़े ओकरा के बचाव आश्रय स्थल में भेज दिहल गइल बा. एकरा अलावे घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा, जहां उनुकर इलाज हो रहल बा। उs बतवले कि इs भवन मात्र 10 साल पुरान बतावल जाता। हालांकि एs घटना के पीछे के कारण के जांच कईल जाता।

 

 

 

Tags :
Building CollapsedNavi MumbaiNavi Mumbai newsTragic accident in Navi Mumbai
Advertisement
Next Article