टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

New Rules: त्योहारी सीजन से पहिले बदल रहल बा कइयन गो नियम; बचत, ई-कॉमर्स से लेके शेयर बाजार तक में अहम बदलाव

11:48 AM Sep 30, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

त्योहारी सीजन सुरू होखला के बीच एक अक्तूबर से टैक्स, बीमा, निवेश, बचत योजनन में कइयन गो नियम बदले वाला बा। ई दलाव रउआ पs सीधा असर डाली। ई बदलाव बा...

Advertisement

लघु बचत के ब्याज दर बदली 

लघु बचत योजनन के ब्याज दरन में संशोधन होई। बदलाव एक अक्तूबर से दिसंबर तक खातिर लागू होई। ब्याज दर घटावे के जवन चक्र सुरू भइल बा, अइसे में एहु पs दर कम हो सकत बाड़ी सs। एसे राउर बचत पs असर होई।

विवाद से विश्वास योजना फेर से

केंद्रीय प्रत्यक्ष कर बोर्ड (सीबीडीटी) विवाद से विश्वास योजना फेर से सुरू करी। एकरा से कर विवादन के समाधान, मुकदमेबाजी आ संबंधित लागत के कम करे में मदद मिली। ई योजना 31 दिसंबर तक चली।

जीवन बीमा पॉलिसी के पईसा पs कम टैक्स

धारा 194डीए : जीवन बीमा पॉलिसी के परिपक्वता भा कवनो आकस्मिकता पs मिले वाला रकम पs अब 2% टीडीएस कटी। पहिले ई 5% रहे।

पॉलिसी सरेंडर पs जादे मूल्य

पॉलिसी सरेंडर कइला पs अब जादे पईसा वापस मिली, भलही पहिलके बरिस के बाद सरेंडर होखे। पहिले एमे कवनो पइसा ना मिलत रहे।

किराया पs टीडीएस 5 से घटके 2 फीसदी भइल

धारा 194आईबी : कुछ व्यक्ति भा हिंदू अविभाजित परिवार अगर मासिक 50,000 रुपिया किराया देत बा लो, तs अब एह पs मकान मालिक के टीडीएस दु फीसदी काटे के होई। पहिले ई पांच फीसदी रहे। एकरा से मकान मालिक के अब जादे पईसा मिली।

अचल संपत्ति पs 1% टीडीएस

धारा 194आईए : अचल संपत्ति के कीमत भा स्टांप शुल्क के मूल्य जदि 50 लाख रुपिया भा एकरा से जादे बा, तs ओकरा पs 1% टीडीएस कटी। भलही एकरा के 10 लोग मिलके किने भा एगो आदमी।

ई-कॉमर्स पs सामान बेचला पs राहत

धारा 194ओ : अब ई-कॉमर्स कंपनियन के खाली 0.01% टैक्स काटे के होई, जवन पहिले एक फीसदी रहे। विक्रेता लोगन पs वित्तीय बोझ कम होई।

खुदरा कर्जदारन के जादे स्पष्टता

आरबीआई के नया नियम के तहत, बैंकन आ एनबीएफसी के करजा देते घरी सब चीज कर्जदार के भाषा में आसान तरीका से बतावे के होई। एमे कर्ज के लागत, ब्याज, शर्त  आ आउर शुल्क सामिल बा। एसे पारदर्शिता बढ़ी।

बीमा में बीमारी के प्रतीक्षा अवधि घटी

स्वास्थ्य बीमा लेला पs अब अधिकतम प्रतीक्षा अवधि तीन साल होई। पहिले चार साल रहे। पुरान पॉलिसी के नवीनीकरण के समय ई लागू होई। एंडोमेंट पॉलिसी में पहिले निकललो पs जादे भुगतान मिली।

बायबैक : अब निवेशकन के देवे के होई टैक्स

शेयर बायबैक में अब निवेशकन के 20% टैक्स देवे के होई। पहिले एकरा के कंपनी देत रहली सs आ निवेशक के आय करमुक्त होत रहे। बायबैक आय के अब लाभांश मानल जाई।

बोनस इश्यू रिकॉर्ड तारीख से दु दिन में उपलब्ध होई 

सेबी के नया नियमन के मोताबिक, बोनस इश्यू रिकॉर्ड तारीख से दु दिन बाद कारोबार खातिर उपलब्ध होई। अभी दु हफ्ता लागेला।

Tags :
Bhojpuri NewsChange in Tax and InsuranceChanges in rules of E-Commerce and Share BazarFestival Seasonnew rules
Advertisement
Next Article