छपरा से होके चले वाली कइयन गो ट्रेन प्रभावित: इंजीनियरिंग कार्य के लेके यातायात ब्लॉक, यात्रियन के हो रहल बा परेसानी
12:20 PM Dec 31, 2023 IST
|
khabar Bhojpuri Desk
Advertisement
पूर्वोत्तर रेलवे के वाराणसी मंडल अंतर्गत छपरा जं. यार्ड रिमाडलिंग, छपरा-गौतमस्थान के बीच दोहरीकरण आ विद्युतीकरण अउर छपरा-छपरा कचहरी के बीच तीसरका लाइन के कमिशनिंग खातिर प्री-नान इंटरलॉकिंग आ नान इंटरलॉकिंग कार्य के चलते यातायात ब्लॉक दिहल गइल बा।
Advertisement
यातायात ब्लॉक दिहल गइला के कारण कइयन गाड़ियन के शार्ट ओरिजिनेशन/शार्ट टर्मिनेशन, नियंत्रत्रित कइल गइल बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। छपरा से चले वाली कइयन गो ट्रेन एह दौरान प्रभावित रहिहें सs। निर्धारित समय के बाद सब ट्रेन पहिले के समय आ मार्ग से संचालित होखे लागी।
शार्ट ओरिजिनेशन
- छपरा से 01 से 08 जनवरी, 2024 के चले वाली 05443 छपरा-मऊ अनारक्षित विशेष गाड़ी सीवान से चलावल जाई। ई गाड़ी छपरा-सीवान के बीच निरस्त रही।
- छपरा से चले वाली 01 से 08 जनवरी के चले वाली 05248 छपरा-सोनपुर मेमू विशेष गाड़ी छपरा कचहरी से चलावल जाई। ई गाड़ी छपरा कचहरी-छपरा के बीच निरस्त रही।
- छपरा से 02, 03, 05, 06, 07 जनवरी, 2024 के चले वाली 19046 छपरा-सूरत एक्सप्रेस आजमगढ़ से चलावल जाई। ई गाड़ी छपरा- आजमगढ़ के बीच निरस्त रही ।
- छपरा से 03 जनवरी, 2024 के चले वाली 09066 छपरा-सूरत क्लोन विशेष गाड़ी गाजीपुर सिटी से चलावल जाई। ई गाड़ी छपरा-गाजीपुर सिटी के बीच निरस्त रही।
- छपरा से 06 जनवरी, 2024 के चले वाली 11060 छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्सप्रेस सीवान से चलावल जाई। ई गाड़ी छपरा-सीवान के बीच निरस्त रही ।
गाड़ियन के नियंत्रण
- नई दिल्ली से 01, 02, 03, 08 जनवरी, 24 के चले वाली 12554 नई दिल्ली-सहरसा एक्सप्रेस मार्ग में 60 मिनट नियंत्रित कs चलावल जाई।
- हावड़ा से 02, 03, 05, 06, 07 जनवरी, 24 के चले वाली 13019 हावड़ा-काठगोदाम एक्सप्रेस मार्ग में 30 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
- नई दिल्ली से 01, 02, 03, 04, 05, 08 जनवरी, 24 के चले वाली 12562 नई दिल्ली-जयनगर एक्सप्रेस मार्ग में 60 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
पुनर्निर्धारण
- दरभंगा से 01, 04, 06, 07 आ 08 जनवरी, 2024 के चले वाली 12565 दरभंगा-नई दिल्ली एक्सप्रेस दरभंगा से 60 मिनट पुनर्निर्धारित कs के चलावल जाई।
Next Article