For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

छपरा से चले वाली कइयन ट्रेनन के कइल गइल रद्द: कुहासा आ खराब मौसम के लेकर विभाग जारी कइलस शेड्यूल,1 मार्च तक यातायात प्रभावित

11:29 AM Dec 02, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
छपरा से चले वाली कइयन ट्रेनन के कइल गइल रद्द  कुहासा आ खराब मौसम के लेकर विभाग जारी कइलस शेड्यूल 1 मार्च तक यातायात प्रभावित
Advertisement

पूर्वोत्तर रेलवे से चले वाली कइयन ट्रेनन के संचालन रेलवे विभाग रद्द कs देले बा। आवे वाला महीना में बढ़े वाला कुहासा आ खराब मौसम के देखत रेलवे विभाग के ओर से निर्णय लेत गाड़ियों के संचालन के रद्द कइल गइल बा। जेमे छपरा से चले वाली कइयन गो ट्रेन प्रभावित रही। रेलवे 2 दिसंबर से 29 फरवरी 2024 तक ट्रेनन के संचालन के प्रभावित कइले बा। 1 मार्च 2024 से सब ट्रेन अपना नीयत समय आ मार्ग से संचालित होखे लागी।

Advertisement

एह ट्रेनन के कइल गइल रद्द 

  • छपरा से हर दिन चले वाली 15159 छपरा-दुर्ग सारनाथ एक्सप्रेस गाड़ी 02,04,06,09,11,13, 16, 18, 20, 23, 25, 27 एवं 30 दिसम्बर, 2023,  01,03,06,08,10,13,15,17,20,22,24,27,29 आ 31 जनवरी, 2024 आउर 03, 05, 07, 10, 12, 14, 17,19, 21,24, 26 आ 28 फरवरी, 2024 हर सोमार, बुध आ सनीचर के हफ्ता में तीन दिन निरस्त रही।
  • दुर्ग से हरदिन चले वाली 15160 दुर्ग - छपरा सारनाथ एक्सप्रेस गाड़ी 03, 05, 07, 10, 12, 14, 17, 19, 21, 24, 26, 28 आ 31 दिसम्बर, 2023, 02, 04, 07, 09, 11, 14, 16, 18, 21, 23, 25, 28 आउर 30 जनवरी, 2024 आ 01, 04 ,06, 08, 11, 13, 15, 18, 20,22, 25,27, 29 फरवरी, 2024 दिन हर मंगलर, बियफे आ अतवार के हफ्ता में तीन दिन निरस्त रही।
  • पाटलिपुत्र से चले वाली 15079 पाटलिपुत्र -गोरखपुर एक्सप्रेस गाड़ी 01,03,04,06,08,10,11,13,15,17,18,20,22,24,25,27,29 आ 31 दिसम्बर, 2023, 01,03, 05, 07,08,10, 12,14, 15,17 ,19, 21,22, 24,26, 28, 29 आउर 31 जनवरी, 2024 आ 02, 04, 05, 07, 09, 11, 12, 14, 16, 18, 19, 21, 23, 25, 26 से 28 फरवरी, 2024 तक हर सोमार, बुध, सुक आ अतवार के हफ्ता में चार दिन निरस्त रही।
  • गोरखपुर से चले वाली 15080 गोरखपुर-पाटलिपुत्र एक्सप्रेस गाड़ी 01, 03, 04, 06, 08, 10, 11, 13, 15, 17, 18, 20, 22, 24, 25, 27, 29, आ 31 दिसम्बर, 2023, 01, 03, 05, 07, 08, 10, 12, 14, 15, 17, 19, 21, 22, 24, 26, 28,29 आ 31 जनवरी, 2024 आ 02, 04, 05, 07, 09, 11, 12, 14, 16, 18, 19, 21, 23, 25, 26 से 28 फरवरी, 2024 तक हर सोमार, बुध, सुक आ अतवार के हफ्ता में चार दिन निरस्त रही।
Tags :
Advertisement