For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

छपरा होके चले वाली कइयन गो ट्रेन प्रभावित: प्रयागराज में स्टेशन पs चल रहल बा अपग्रेडेशन कार्य, आठ जनवरी तक प्लेटफार्म संख्या 9-10 रही बंद

10:05 AM Nov 29, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
छपरा होके चले वाली कइयन गो ट्रेन प्रभावित  प्रयागराज में स्टेशन पs चल रहल बा अपग्रेडेशन कार्य  आठ जनवरी तक प्लेटफार्म संख्या 9 10 रही बंद
Advertisement

उत्तर मध्य रेलवे के प्रयागराज जं. के अपग्रेडेशन कार्य खातिर आठ जनवरी तक प्लेटफार्म नंबर नौ आ 10 के बंद कइल  जाई। जवना कारण गाड़ियन के निरस्तीकरण आ मार्ग परिवर्तन कइल गइल बा। छपरा रूट से चले वाली कइयन गो ट्रेन प्रभावित रहिहें सs। ई जानकारी पीआरओ पत्र जारी करत देले बाड़ें।

Advertisement

एह ट्रेनन के कइल गइल निरस्त

  • जालना से 29 नवंबर से तीन जनवरी तक चले वाली 07651 जालना-छपरा साप्ताहिक क्लोन विशेष गाड़ी निरस्त रही।
  • छपरा से 01 दिसम्बर से 05 जनवरी तक चके वाली 07652 छपरा-जालना साप्ताहिक विशेष गाड़ी 01 दिसंबर से 05 जनवरी तक निरस्त रही।

एह ट्रेनन के भइल मार्ग परिवर्तन

  • दरभंगा से 29 नवंबर से 03 जनवरी तक चले वाली 15559 दरभंगा-अहमदाबाद साप्ताहिक एक्सप्रेस निर्धारित मार्ग वाराणसी-प्रयागराज रामबाग-प्रयागराज जं.-मानिकपुर के स्थान पs परिवर्तित मार्ग वाराणसी-प्रयागराज छिवकी-मानिकपुर के रास्ता से जाई।
  • अहमदाबाद से 01 दिसंबर से 05 जनवरी तक चले वाली 15560 अहमदाबाद-दरभंगा साप्ताहिक एक्सप्रेस निर्धारित मार्ग मानिकपुर-प्रयागराज जं.-प्रयागराज रामबाग-वाराणसी के स्थान पs परिवर्तित मार्ग मानिकपुर-प्रयागराज छिवकी-वाराणसी के रास्ते चलावल जाई।
  • पुणे से 30 नवंबर से 04 जनवरी तक चले वाली 11037 पुणे-गोरखपुर साप्ताहिक एक्सप्रेस निर्धारित मार्ग मानिकपुर-प्रयागराज जं.-प्रयागराज रामबाग-वाराणसी के स्थान पs परिवर्तित मार्ग मानिकपुर-प्रयागराज छिवकी-वाराणसी के रास्ते चलावल जाई।
  • गोरखपुर से 02 दिसंबर से 06 जनवरी तक चले वाली 11038 गोरखपुर-पुणे साप्ताहिक एक्सप्रेस निर्धारित मार्ग वाराणसी-प्रयागराज रामबाग-प्रयागराज जं.-मानिकपुर के स्थान पs परिवर्तित मार्ग वाराणसी-प्रयागराज छिवकी-मानिकपुर के रास्ते चलावल जाई।
  • पुणे से 29 नवंबर से 03 जनवरी तक चले वाली 11033 पुणे-दरभंगा साप्ताहिक एक्सप्रेस निर्धारित मार्ग मानिकपुर-प्रयागराज जं.-प्रयागराज रामबाग-वाराणसी के स्थान पs परिवर्तित मार्ग मानिकपुर-प्रयागराज छिवकी-वाराणसी के रास्ते चलावल जाई।
  • दरभंगा से 01 दिसंबर से 05 जनवरी तक चले वाली 11034 दरभंगा-पुणे साप्ताहिक एक्सप्रेस निर्धारित मार्ग वाराणसी-प्रयागराज रामबाग-प्रयागराज जं.-मानिकपुर के स्थान पs परिवर्तित मार्ग वाराणसी-प्रयागराज छिवकी-मानिकपुर के रास्ते चलावल जाई।
Tags :
Advertisement