छपरा के रास्ते चलावल जाये वाला कइयन गो ट्रेन रद्द: बदलत मौसम के लेके रेलवे लेलस निर्णय, 5 दिसंबर से 29 फरवरी तक यातायात रही प्रभावित
10:30 AM Dec 04, 2023 IST
|
khabar Bhojpuri Desk
Advertisement
पूर्वोत्तर रेलवे से चले वाली कइयन ट्रेनन के संचालन रेलवे विभाग कावर से रद्द कs दिहल गइल बा। आवे वाला महीना में बढ़े वाला कुहासा आ खराब मौसम के देखत रेलवे विभाग कावर से निर्णय लेत गाड़ियन के संचालक के रद्द कइल गइल बा।
Advertisement
जेमे छपरा से चले वाली कइयन ट्रेनन प्रभावित रही। रेलवे कावर 5 दिसंबर से 29 फरवरी 2024 तक ट्रेनन के संचालक के प्रभावित कइल गइल बा। 1 मार्च 2024 से सब ट्रेन अपना नियत समय आ मार्ग से संचालित होखे लगिहे सs।
एह ट्रेनन के कइल गइल रद्द
- न्यू जलपाईगुड़ी से द्विसाप्ताहिक चले वाली 12523 न्यू जलपाईगुड़ी- नई दिल्ली एक्सप्रेस गाड़ी 05,12,19 आ 26 दिसंबर, 2023, 02, 09, 16, 23 आ 30 जनवरी, 2024 आउर 06, 13, 20 आ 27 फरवरी, 2024 दिन हर मंगर के निरस्त रही।
- नई दिल्ली से द्विसाप्ताहिक चले वाली 12524 नई दिल्ली - न्यू जलपाईगुड़ी एक्सप्रेस गाड़ी 06, 13, 20 आ 27 दिसंबर, 2023, 03, 10, 17, 24 आ 31 जनवरी, 2024 आउर 07, 14, 21 आ 28 फरवरी, 2024 हर बुध के निरस्त रही।
- कटिहार से द्विसाप्ताहिक चले वाली 15705 कटिहार -नई दिल्ली एक्सप्रेस गाड़ी 07,14,21 आ 28 दिसंबर, 2023, 04, 11, 18 आ 25 जनवरी, 2024 आउर 01, 08, 15, 22 आ 29 फरवरी, 2024 हर बियफे के निरस्त रही।
- नई दिल्ली से द्विसाप्ताहिक चले वाली 15706 नई दिल्ली - कटिहार एक्सप्रेस गाड़ी 08, 15, 22 आ 29 दिसंबर,2023, 05, 12, 19 आ 26 जनवरी, 2024 आ 02, 09, 16, 23 फरवरी, 2024 आ 01 मार्च,2024 तक हर सुक के निरस्त रही।
- डिब्रूगढ़ से हरदिन चले वाली 15909 डिब्रूगढ़ -लालगढ़ एक्सप्रेस गाड़ी 02, 09, 16, 23 आ 30 दिसंबर, 2023, 06, 13,20 आ 27 जनवरी, 2024 आ 03, 10, 17 एवं 24 फरवरी, 2024 हर सुक के निरस्त रही।
- लालगढ़ से प्रतिदिन चले वाली 15910 लालगढ़ - डिब्रूगढ़ एक्सप्रेस गाड़ी 05,12,19 आ 26 दिसंबर, 2023, 02, 09, 16, 23 आ 30 जनवरी, 2024 आउर 06, 13, 20 आ 27 फरवरी, 2024 प्रत्येक मंगर के निरस्त रही।
Next Article