For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Meta: दुनिया के दूसरका सबसे अमीर व्यक्ति बनलें मार्क जकरबर्ग, एआई पs खेलल गइल दांव से अइसे बरसल पैसा

11:28 AM Oct 04, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
meta  दुनिया के दूसरका सबसे अमीर व्यक्ति बनलें मार्क जकरबर्ग  एआई पs खेलल गइल दांव से अइसे बरसल पैसा
Advertisement

मार्क जकरबर्ग बियफे के पहिला बेर दुनिया के दूसरका सबसे अमीर व्यक्ति बन गइलें। संपत्ति के ममिला में ऊ अमेजन के संस्थापक जेफ बेजोस के पीछे छोड़ देलें। अइसन मेटा प्लेटफॉर्म्स के शेयरन में लगातार बढ़न्ती के कारण भइल। मेटावर्स आ एआई पs जकरबर्ग के जवना दांव के सुरू में एगो बहुत बड़ विफलता के तरह देखल जात रहे, हाल के महीनन में सफल साबित भइल बा।

Advertisement

जकरबर्ग के संपत्ति 206.2 अरब डॉलर के उच्चतम स्तर पs पहुंचल

ब्लूमबर्ग बिलियनेयर्स इंडेक्स के मोताबिक, बियफे के जकरबर्ग के कुल संपत्ति 206.2 बिलियन डॉलर के उच्चतम स्तर पs पहुंच गइल। एह बढ़न्ती से संपत्ति के ममिला में अमेजन के बेजोस से $1.1 बिलियन आगे निकल गइल। अब एह ममिला में उनका आगे खाली टेस्ला के एलन मस्क हs। जिनकर संपत्ति जकरबर्ग से लगभग 50 बिलियन डॉलर जादे बा।

का हs जकरबर्ग के संपत्ति बढ़ला के कारण?

मेटा के शेयरन में दूसरका तिमाही में उम्मीद से बेहतर बिक्री के आंकड़ा आ एआई चैटबॉट के शक्ति देवे वाला बड़ भाषा मॉडल के दिशा में कदम बढ़वला के बाद 23% के बढ़न्ती आइल। कंपनी के शेयर बियफे के 582.77 डॉलर के सर्वकालिक उच्च स्तर पs बंद भइल। मेटा डेटा सेंटर आ कंप्यूटिंग पावर पs भारी खर्च कइल गइल बा। जकरबर्ग एआई दौड़ के दौड़ में अग्रणी स्थान हासिल करे के दिशा में काम कs रहल बा। कंपनी आउर दीर्घकालिक परियोजनन पs काम कइल सुरू कs देले बिया। एमे ओरियन ऑगमेंटेड रियलिटी ग्लास सामिल बा, जवना के घोषणा कंपनी पिछला महीना कइले रहे।

2024 में जकरबर्ग के संपत्ति में 78 अरब डॉलर के इजाफा

कैलिफोर्निया के मेनलो पार्क इस्थित कंपनी में 13% हिस्सेदारी रखे वालो जकरबर्ग के संपत्ति में एह बरिस तक 78 बिलियन डॉलर के बढ़न्ती भइल बा। ई बढ़न्ती ब्लूमबर्ग सूचकांक के ओर से ट्रैक कइल गइल दुनिया के 500 सबसे अमीर लोगन में सबसे जादे बा। 40 वर्षीय जकरबर्ग एह बरिस संपत्ति सूचकांक पs चार स्थान ऊपर आइल बाड़ें।

Tags :
Advertisement