For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सांझ के 7 से रात्रि 10 बजे तक खुलल रही मार्केट: इंदौर सर्राफा बाजार जइसन पहिला नाइट मार्केट 29 से जयपाल सिंह स्टेडियम के लगे खुली, मोबाइल फूड वैन पs मिली स्ट्रीट फूड

11:07 AM Dec 21, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
सांझ के 7 से रात्रि 10 बजे तक खुलल रही मार्केट  इंदौर सर्राफा बाजार जइसन पहिला नाइट मार्केट 29 से जयपाल सिंह स्टेडियम के लगे खुली  मोबाइल फूड वैन पs मिली स्ट्रीट फूड
Advertisement

इंदाैर के सर्राफा बाजार के तर्ज पर रांची में नाइट मार्केट लगावल जाई। राज्य सरकार के चउथा वर्षगांठ के मवका पs 29 दिसंबर के मार्केट सुरू करे के तइयारी बा। कचहरी राेड इस्थित मरांग गोमके जयपाल सिंह स्टेडियम के सामने खाली स्थान पs मार्केट लागी। इहां करीब 20 से 25 मोबाइल फूड वैन, फूड काेर्ट लागी।

Advertisement

नाइट स्ट्रीट मोबाइल फूड हब विकसित करे खातिर नगर निगम स्ट्रीट वेंडर्स से आवेदन मंगले। एकरा तहत 30 वेंडर निगम में आवेदन जमा कs के नाइट मार्केट में दुकान लगावे के इच्छा जतवलें। आवेदनों के स्क्रूटनी के बाद चयनित वेंडर के नाइट मार्केट में मोबाइल फूड वैन लगावे के लाइसेंस दिहल जाई। ई मार्केट देर सांझ 7 बजे से रात 10 बजे तक खुलल रही। ई प्रयोग सफल रहल तs मोरहाबादी में बनल नाइट मार्केट जोन के सुरू कइल जाई।

नाइट मार्केट में बिजली-पानी के सुविधा मिली, पुलिस रही तैनात

रात में बाजार बंद हाेखला के बाद वैन आ ठेलन के उहां रखला के मनाही हाेई। सबेरे से सांझ तक उहां वाहन पार्क हाेई। नाइट मार्केट में नगर निगम के ओर से बिजली, पानी आ वाहनन के पार्किंग के सुविधा मिली। उहां बनल मॉडर्न बायो टॉयलेट रात्रि में खुलल रही। लोगन के सुरक्षा के पूरा ख्याल रखल जाई। पूरा मार्केट सीसीटीवी कैमरन के निगरानी में चली। रांची पुलिस से मदद लिहल जाई।

बड़ सवाल... नाइट मार्केट में जाई जादे लोग?

रांची में सामान्य दिनन में रात 10 बजे तक पूरा शहर में होटल-रेस्टोरेंट आ फास्ट फूड के दुकान खुलल रहेली सs। निगम नाइट मार्केट खातिर मात्र तीन घंटा के समय निर्धारित कइले बा। एसे उद्देश्य पs सवाल उठ रहल बा। रात 12 बजे तक मार्केट ना लागी तs शहर के लोगन के फायदा ना होई। काहेकि, इंदौर के सराफा बाजार में रात भर स्ट्रीट फूड मार्केट खुलल रहेला।

शहर में नाइट मार्केट के काॅन्सेप्ट ना रहे। एह अवधारणा के छोट स्तर पs सुरू कइल जा रहल बा। 30 आवेदन आइल बा, जवना के स्क्रूटनी चल रहल बा। ई प्रयास सफल रहल तs मार्केट के समय बढ़वला के संगे मार्केट के संख्या बढ़ावल जाई। - कुंवर सिंह पाहन, अपर प्रशासक, रांची नगर निगमि

Tags :
Advertisement