टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पाकिस्तान के बलूचिस्तान में रेलवे स्टेशन पs भीषण बम विस्फोट, कम से कम 20 लोगन के मउत

12:19 PM Nov 09, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

 

पाकिस्तान के अशांत प्रांत बलूचिस्तान में भारी बम विस्फोट के जानकारी सामने आ रहल बा। एs घटना में कम से कम 20 लोग के मउत हो चुकल बा। जबकि 30 से अधिक लोग घायल हो चुकल बाड़े।  ई बम विस्फोट बलूचिस्तान के क्वेटा रेलवे स्टेशन के लगे भइल.  शुरुआती रिपोर्ट से पता चलता कि ट्रेन के प्लेटफार्म पs पहुंचे से ठीक पहिले रेलवे स्टेशन के बुकिंग ऑफिस में विस्फोट भईल बा। धमाका के समय स्टेशन पs भीड़ सामान्य रहे। एकरा बावजूद एकरा से जादे जानमाल के नुकसान के खतरा बा।

विस्फोट के जानकारी मिलते पुलिस अवुरी बचावकर्मी विस्फोट स्थल पs पहुंचले। क्वेटा के सिविल अस्पताल में इमरजेंसी लगावल गइल आ घायलन के इलाज खातिर अतिरिक्त डाक्टर आ पैरामेडिक्स के बोलावल गइल.  रेलवे अधिकारी के मुताबिक जाफ़र एक्सप्रेस के पेशावर खातीर सबेरे 9 बजे रवाना होखे के रहे। अधिकारी बतवले कि जब विस्फोट भईल तs ट्रेन प्लेटफार्म पs ना पहुंचल रहे।  एह विस्फोट से मरे वालन के गिनिती बढ़ सकेला काहे कि घायलन में से बहुते लोग के हालत गंभीर बा.

 

 

 

Tags :
bomb blastPakistanPeople Deadपाकिस्तान के रेलवे स्टेशन पs धमाका
Advertisement
Next Article